बांसवाडा 24 नवम्बर (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी आजु कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी पर पलटवार कइले आ सभा में आइल लोगे का मुँह से कहववले कि सबले अधिका जहरीला पार्टी कांग्रेस हिय.
शनिचर का दिने कोटा मे भइल सभा मे सोनिया गाँधी भाजपा के जहरीला बतवले रही. आजु ओकरे इयाद करावत नरेन्द्र मोदी कहलन कि पता ना का बात ह कि राजस्थान में आवते मैडम के जहर याद आवे लागेला. जयपुर अधिवेशन में शाहजादा कहले रहले कि उनकर मम्मी कहली कि सत्ता जहर होले. अब जब सत्ता जहर होले त सबले अधिका साल के सत्ता में रहल? लोग कहल कांग्रेस. फेर पूछलन त सबले अधिका जहर कवना पार्टी के पेट में गइल? लोग कहल कांग्रेस. त सबले अधिका जहरीला पार्टी कवन भइल? लोग फेरू कहल कांग्रेस.
नरेन्द्र मोदी कहलन कि कांग्रेस 100 दिन मे महंगाई खतम करे के वादा कइले रहे पिछला चुनाव में बाकिर ना कइलसि. एहसे देश के जनता कांग्रेस के कहियो माफ ना करी.
कपिल सिब्बल के कहल बात के खिल्ली उडावत नरेन्द्र मोदी कहलन कि ई विद्वान नेता गजबे ज्ञान बखरले बा कि पहिले आदिवासी गरीब शोषित लोग सूखले रोटी खात रहुवे आ आजु तरकारी खाए लागल बा जवना चलते तरकारी महँग हो गइल बिया.
389 total views, 2 views today