web analytics

सबले बेसी छक्का मारे वालन में छठवाँ जगहा चहुँपले धोनी

विशाखापट्टनम. 24 नवंबर (वार्ता) भारत के क्रिकेट कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी एकदिना क्रिकेट में सबले अधिका छक्का मारे वाला खिलाड़ियन का सूची में छठवाँ जगहा प आ गइले. आस्ट्रेलिया के कप्तान रहल रिकी पोटिंग पाछा छूट गइले. एह मैच मिला के धोनी अपना कप्तानी के डेढ़ सौ मैचो पूरा लिहले.

आजु भइल मैच में भारत के दीहल 289 रन के लक्ष्य वेस्ट इंडीज के टीम तीन गेंद बाकी रहते पुरा लिहलसि आ दू विकेट से मैच जीत लिहलसि.

 358 total views,  2 views today

%d bloggers like this: