मोतिहारी 25 नवम्बर (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका में काल्हु रात से अबले कवनो अनजान बेमारी से तीन गो मेहरारूवन समेत नौ लोग के मौत हो गइल बा.
पुलिस बतावत बिया कि सुगौली नगर पंचायत वार्ड संख्या 3 मे सात गो आ फुलवरिया पंचायत के नयका टोला में दू लोग के मौत एह बेमारी से भइल बा.
पाँच गो अउरी मरीजन के हालत खराब बा.
256 total views, 5 views today