web analytics

एके सत्र मे 50 गो विकेट लेबे वाला भारत के तिसरका गेंदबाज बनले जडेजा

नयी दिल्ली 25 नवंबर (वार्ता) लेफट आर्म स्पिनर रवीन्द्र जडेजा एकदिना मैचन में एके सत्र मे 50 गो विकेट लेबे वाला भारत के तिसरका गेंदबाज बन गइले.

वेस्टइंडीज का खिलाफ अतवार का दिने विशाखापट्टनम में भइल मैच में जडेजा के ई उपलब्धि हासिल भइल. इनका से पहिले दिग्गज लेग स्पिनर अनिल कुंबले आ तेज गेदबाज अजित आगरकर के ई उपलब्धि मिल चुकल बा.

कुंबले 1996 मे 32 मैच में 61 विकेट आ आगरकर साल 1998 मे 30 मैच में 58 विकेट लिहले रहले. एक सत्र मे सबले अधिका विकेट लेबे के रिकार्ड पाकिस्तान के आफ स्पिनर सकलैन मुश्ताक का नामे बा जे साल 1997 में 36 मैच मे 69 विकेट लिहले रहले.

 305 total views,  5 views today

%d bloggers like this: