केन्द्र सरकार प गुलाबी क्रांति अभियान चलावे के अछरंग लगवले नरेन्द्र मोदी
November 25, 2013
बीकानेर. 25 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी आजु केन्द्र सरकार पर आरोप लगवले कि उ देश से माँस निर्यात बढ़ावे खातिर गुलाबी क्रांति के अभियान चलावत बिया.
गंगानगर के चुनावी सभा मे आजु नरेन्द्र मोदी कहले कि लोग अबले हरित क्रांति देखल, फेर सफेद क्रांति देखल आ अब कांग्रेस के अगुवई वाली केन्द्र सरकार देश में गुलाबी क्रांति चलावत बिया. एक तरफ त किसानन के उपज के सही दाम नइखे मिलत दोसरे कपास के निर्यात पर पाबंदी लगा दीहल गइल बा. दोसरा ओर देश से मांस के निर्यात ला कसाईघरन के अनुदान, सस्ता ब्याज पर कर्जा आ बंदरगाहन ले मांस ढोवे ला अनुदान दीहल जात बा.