तृणमूल कांग्रेस तीन गो नगरपालिका के चुनाव जीतलसि


कोलकाता 25 नवम्बर (वार्ता) पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के अगुवई वाली तृणमूल कांग्रेस राज्य में भइल पांच गो नगरपालिकन मे से तीन गो में जीत गइल बिया आ हावड़ा नगर पालिका में बढ़त बनवले बिया. वोट शुक का दिने पड़ल रहे.

झारग्राम नगरपालिका के माकपा से छीन के तृणमूल कांग्रेस अपना कब्जा मे ले लिहलसि. एहिजा के सतरह में से सोरह गो पर तृणमूल के जीत भइल बा. माकपा के एके गो सीट से संतोष करे के पड़ल.

कृष्णानगर नगरपालिका के 24 में से 22 गो सीट प तृणमूल कांग्रेस जीतल बिया. मिदनोपुर मे तृणमूल के जीत भइल बा.

बरहमपुर नगरपालिका प कांग्रेस के कब्जा बरकरार रहल बा आ हावड़ा में तृणमूल बढत बना के रखले बिया.

%d bloggers like this: