web analytics

दुष्कर्म के आरोपी तरूण तेजपाल के गिरफ्तारी कबहियो हो सकेला

नयी दिल्ली 25 नवम्बर (वार्ता) तहलका के मुख्य संपादक रहल तरूण तेजपाल दुष्कर्म के मामिला में आरोपी बनला का बाद गिरफ्तारी से बाचे ला दिल्ली उच्च न्यायालय मे अग्रिम जमानत खातिर गोहार लगवले बाड़न. एह गोहार प काल्हु सुनवाई होखी.

तेजपाल पर गोवा के एगो होटल का लिफ्ट में तहलके के पत्रकारिन का साथे दुष्कर्म करे के आरोप लागल बा. एह मामिला में गोवा पुलिस ओह पत्रकारिन के तीन गो सहयोगियन के बयान लिख लिहले बिया आ तहलका के मैनेजिंग एडिटर सोमा चौधरीओ से पूछताछ कइले बिया.

पत्रकारिन अब मजिस्ट्रेट का सोझा आपन बयान दर्ज करे वाली बिया आ तरुण तेजपाल के गिरफ्तारी के उमेद बहुते बढ़ गइल बा. हालांकि पुलिस अबही ले तेजपाल से पूछताछ नइखे कइले.

 202 total views,  10 views today

%d bloggers like this: