web analytics

नीतीश सरकार के रिपोर्ट के झूठ के पुलिन्दा बतवलसि राजद

पटना 25 नवम्बर (वार्ता) आठ साल से सरकार चलावत नीतीश कुमार आजु अपना उपलब्धियन के रिपोर्ट जारी कइलन जवना के राजद झूठ के पुलिंदा बतावत एकरा के गरीबन के हित का खिलाफ बतवलसि.

राजद के प्रधान महासचिव आ सांसद रामकृपाल यादव कहलन कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जारी रिपोर्ट में झूठ.के अलावा कुछउ नइखे. पिछला आठ साल में राज्य के पिछड़ा, अति पिछड़ा, दलित, महादलित, अल्पसंख्यक आ औरतन के अधिकार छीने के काम कइले बिया सरकार बाकिर एह बारे में रिपोर्ट में कुछउ नइखे बतावल आ ना ही अपराध, लूट, हत्या, बलात्कार, सामूहिक बलात्कार बगैरह का बारे में बतावल गइल बा.

 218 total views,  5 views today

%d bloggers like this: