गाजीपुर 25 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर जिला के भुडकुड़ा इलाका में कुछ अनजान लोग एक आदमी के ओह समय गोली मार दीहल जब उ नेवता बाँट के घरे लवटत रहे.
पुलिस से जानकारी मिलल कि एमावंशी गांव के राजेन्द्र सिंह काल्हु के रात नेवता बाँट के घरे आवत रहले जब जखनिया बाजार मे कुछ बदमाश उनका के गोली मार दिहले. राजेन्द्र सिंह के मौत ओहिजे हो गइल. हत्या काहे भइल से नइखे पता आ पुलिस अनजान लोग पर मुकदमा दर्ज के तफतीश शुरू कर दिहले बिया.
355 total views, 5 views today