लोकसभा चुनाव के कमान अपना हाथे लिहलन मुलायम

लखनऊ 25 नवम्बर (वार्ता) सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव लोकसभा चुनाव के कमान अब खुदे सम्हरीहे.

आज एह बारे में सपा के सांसदन, विधायकन, प्रत्याशियन आ संगठन के पदाधिकारियन के बइठक बोला के मुलायम ई फैसला लिहले. कहलन कि जवन हालत बा तवना में पन्दरहो सीट मिलल मुश्किल लागत बा. कहलन कि जहाँ के उम्मीदवार हारी ओहिजा के विधायकन आ पदाधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई होखी.