बस्ती 25 नवम्बर (वार्ता) बस्ती जिला के हरैया सीट से विधायक रह चुकल 90 साल के सुरेन्द्र प्रताप नारायण पाण्डेय उर्फ कोट साहब के आज भोरे लमहर बेमारी का बाद निधन हो गइल.
कोट साहब पिछला दू साल से बेमार चलत रहले आ आजु भोरे उनकर निधन उनका गाँवे जगदीशपुर में हो गइल.
कोट साहब रेल मंत्री आ यूपी के मुख्यमंत्रीओ रहल कमला पति त्रिपाठी के दामाद रहलन.
सुरेन्द्र प्रताप नारायण पाण्डेय के अंतिम संस्कार अयोध्या में पवित्र सरजू तट पर कइल जाई.
361 total views, 5 views today