web analytics

जुवेनाइल कानून के प्रावधान के सुप्रीम कोर्ट मे चुनौती दिहले दामिनी के माता पिता

नयी दिल्ली 30 नवम्बर (वार्ता) राजधानी के वसंत विहार सामूहिक बलात्कार कांड के शिकार पैरा.मेडिकल छात्रा के माता पिता किशोर न्याय /बाल सुरक्षा एवं संरक्षा/ कानून 2000 के ओह प्रावधान के उच्चतम न्यायालय मे चुनौती दिहले बाड़न जवना का चलते नाबालिग अपराधी के अधिका से अधिका तीन साल के सजा मिलेला.

अधिवक्ता अमन हिंगोरानी से दायर करावल एह याचिका मे पीडिता के महतारी बाप उच्चतम न्यायालय से निहोरा कइले बाड़न कि उ एह काण्ड के नाबालिग अपराधी का खिलाफ फौजदारी अदालत मे मुकदमा चलावे के आदेश देव. याचिका करे वाला कहले बाड़न कि बलात्कार जइसन जघन्य अपराध में आरोपी के उमिर के सुनवाई के आधार मत मानल जाव आ एह बारे में कानून में दीहल प्रावधान सुधारल जाव.

 435 total views,  5 views today

%d bloggers like this: