web analytics

ट्रेन से कटा के तीन जने मरले

वाराणसी 30 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी के शिवपुर क्षेत्र मे भरलाई टीसन का नियरा शनिचर का भोर में जम्मूतवी एक्सप्रेस ट्रेन से कटा के तीन जने के मौत हो गइल.

पुलिस बतवलसि कि तरना हरिजन बस्ती के तीन गो नवही जिनकर उमिर बाइस से तीस साल के बीच रहल, अजीत सोनू आ बिन्नी, गांजा पियला का बाद रेलवे लाइन पर दिशा मैदान ला गइल रहले. ओही घरी जम्मूतवी एक्सप्रेस ट्रेन ओहन लोग के काटत निकल गइल.

तीनो राजगीर के काम करत रहले.

 320 total views,  5 views today

%d bloggers like this: