web analytics

लोस चुनाव परिणाम चमत्कार जइसन होखी, कहलन मुलायम

जौनपुर 02 नवम्बर (वार्ता) सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव कहलन कि उत्तर प्रदेश मे विधानसभा चुनाव परिणामे जइसन लोकसभा के चुनावो के परिणाम चमत्कार जइसन होखी आ केन्द्र मे बने वाली सरकार मे उनका पार्टी के भूमिका बहुते खास होखी. यादव कहलन कि अगिला चुनाव का बाद केन्द्र में तीसरा मोर्चा के सरकार बनी आ … Read more

 387 total views

मल्होत्रा आ गोयल के चुनाव लडे के उमेद नइखे

नयी दिल्ली 02 नवम्बर (वार्ता) दिल्ली विधानसभा के चार दिसम्बर के होखे वाला चुनाव मे भाजपा. के प्रदेश अध्यक्ष विजय गोयल आ विधानसभा मे विपक्ष के नेता विजय कुमार मल्होत्रा के चुनाव लडे के उमेद नइखे. बतावल जात बा कि भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल आ दिल्ली प्रभारी नितिन गडकरी प्रो. मल्होत्रा, गोयल,आ विजय जौली … Read more

 399 total views

14वीं विधानसभा चुनाव खातिर अधिसूचना मंगल का दिने

जयपुर 02 नवम्बर (वार्ता) राजस्थान में 14वीं विधानसभा चुनाव के प्रक्रिया मंगल 5 नवम्बर के अधिसूचना जारी होखला का साथे शुरु हो जाई. मुख्य निर्वाचन अधिकारी अशोक जैन बतवले कि राजस्थान विधानसभा के सगरी 200 सीट ला 5 नवम्बर के अधिसूचना जारी होखी आ ओही दिन से परचा दाखिल करे के काम शुरू हो जाई. … Read more

 333 total views,  2 views today

दिल्ली मे कांग्रेस के बदलैन भाजपे बिया, कहले हर्षवर्धन

नयी दिल्ली 02 अक्तूबर (वार्ता) भाजपा के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार हर्षवर्धन के कहलन कि दिल्ली मे कांग्रेस के बदलैन केवल भाजपा बिया आ आठ दिसम्बर के आवे वाला चुनाव नतीजन से ई बात साफ हो जाई. कहलन कि आम आदमी पार्टी, एएपी, लेके जवन सर्वेक्षण आवत बा तवन धइले रह जाई. कहलन कि चार … Read more

 372 total views

इतिहास में 3 नवंबर

644.. मुसलमानन के दुसरका खलीफा उमर इब्न अल खत्तब के हत्या मदीना मे एगो फारसी दास क दिहलसि. 1493.. क्रिस्टोफर कोलंबस डोमिनिका द्वीप खोजलन. 1762.. स्पेन लूसियाना पर कब्जा कइलसि. 1796.. जोन एडम्स अमेरिका के राष्ट्रपति चुनइले. 1838.. प्रसार संख्या के हिसाब से दुनिया के सबले बड अंग्रेजी अखबार .द टाइम्स आफ इंडिया. के प्रकाशन … Read more

 154 total views

रोहित शर्मा के डबल सेंचुरी से भारत जीतल

बेगलूर 02 नवम्बर (वार्ता) भारतीय क्रिकेट के नयका रिकार्ड पुरूष. बन गइल रोहित शर्मा के 16 गो छक्का के विश्व रिकार्ड से सजल 209 रन के आतिशी पारी के धूमधडाका भारत के आस्ट्रेलिया से जीता दिहलसि आ देश के दिवाली के शानदार तोहफा मिल गइल. सात गो एकदिना मैचन के सीरीज 3..2 से भारत का … Read more

 318 total views

सडक दुर्घटना मे दू लोग मरल दर्जन लोग घवाहिल

गोरखपुर 02 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के सहजनवा इलाका में बरहुवा के नियरा बस्ती से गोरखपुर आवत ट्रक एगो मोटरसाइकिल के चपेट दिहलसि जवना से मोटर साइकिल सवार बीस साल के खुशबू यादव के ठाँवे प मौत हो गइल. संगे बइठल उनकर पिता बुरी तरह घवाहिल हो गइलन. धक्का मार के भागत ट्रक आगे जा … Read more

 346 total views

भोजपुरी वैज्ञानिक आ समृद्ध भाषा

वाराणसी 02 नवम्बर (वार्ता) दुनिया के पांच देश मे राष्ट्रीय भाषा के रुप मे मान्यता प्राप्त आ करोडो लोग के भाषा भोजपुरी खाली वैज्ञानिके ना समृद्धो लोकभाषा ह. विश्व भोजपुरी दिवस पर उत्तर प्रदेश भोजपुरी संघ वाराणसी में एगो संगोष्ठी आयोजित कइले रहुवे जवना में बोले वाला लोग के कहना रहल कि विदेश के प्रवासी … Read more

 389 total views

भोजपुरी के अनदेखी का विरोध में भोंजपुरी मंच दिवाली ना मनाई

जमशेदपुर 02 नवंबर (वार्ता) झारखंड मे भोजपुरी भाषा के अनदेखी का खिलाफ भोजपुरी नवचेतना मंच दीपावली पर्व ना मनावे के एलान कले बावे. मंच के महानगर इकाई के अध्यक्ष अंकित आनंद बयान जारी क के कहले बाड़न कि झारखंड में भोजपुरी के लगातार अनदेखी होखत बा. जान जाई कि हालही में झारखंड के शिक्षा मंत्री … Read more

 397 total views

महावीर चक्र विजेता के परिवार के केहू देखेवाला नइखे

गाजीपुर 02 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर जिला निवासी आ महावीर चक्र विजेता शहीद राम उग्रह पाण्डेय के परिवार केन्द्र आ राज्य सरकार के बेरुखी से मर्माहत बा. गाजीपुर के जखनिया तहसील के एमावशी गांव के पण्डित राम उग्रह पाण्डेय साल 1971 के लड़ाई में शामिल भइल रहले. एही युद्ध में उ 14 नवम्बर 1971 के शहीद … Read more

 299 total views

छपरा आइल अखिलेश यादव देशहित में तिसरका मोर्चा के जरूरी बतवले

छपरा 02 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री आ .सपा.नेता अखिलेश छपरा में संवाददाता लोगन से बतियावत कहलन कि देश हित मे तिसरका मोर्चा बनावल बहुते जरूरी बा. कहलन कि एह मोर्चा में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादवो के बोलावल गइल बा. अखिलेश यादव छपरा मे एगो निजी विद्यालय के उद्घाटन करे आइल रहलन.  375 total … Read more

 375 total views

दिनदहाडे दम्पत्ति के लूट लिहले सँ बदमाश

बस्ती 02 नवम्बर (वार्ता) बस्ती जिला के छावनी इलाका में आज दिनदहाडे कुछ बदमाश एगो दम्पति से गजना लूट लिहले. पुलिस बतवलसि कि बीरपुर खरहरा के महेन्द्र कुमार मिश्र अपना पत्नी साथे जात रहले तबहिए छावनी इलाका मे राजकीय कन्या इण्टर कालेज सोनबरसा का नियरा मोटरसाइकिल सवार दु गो बदमाश उनका पत्नी से सोना के … Read more

 253 total views

मोदी दिवाली आ छठ के शुभकामना कइलें

पटना 02 नवम्बर (वार्ता) भाजपा. क ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार आ गुजराज के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी बिहार आ पूरा देश में रहेवाला बिहारियन के दीपावली आ छठ पर्व के शुभकामना कइलन. पटना विस्फोट मे मराइल लोग का घरे जाए खातिर बिहार आइल नरेन्द्र मोदी लवटत घरी बिहारियन का साथही पूरा देश दुनिया में … Read more

 327 total views

जौनपुर में बास्केटबाल प्रतियोगिता भइल

जौनपुर 02 नवम्बर (वार्ता) 53वीं उत्तर प्रदेश सीनियर बास्केटबाल प्रतियोगिता के पुरुष वर्ग के खिताब आर.डी.एस.ओ. आ महिला वर्ग के खिताब वाराणसी जीतलसि. जौनपुर के टी डी कालेज के उमानाथ सिंह स्टेडियम मे शुक का साँझ खेलल गइल पुरुष वर्ग फाइनल मैच मे आर.डी.एस.ओ. डी.एल.डब्लू. के 82 65 से हरवलसि. आर.डी.एस.ओ. का ओर से अंकुर … Read more

 290 total views

इतिहास में 02 नवंबर

1534.. सिक्खन के चउथा गुरू गुरू रामदास के जनम. 1774.. वर्ष 1757 मे भइल पलासी के लडाई मे बंगाल के नवाब सिराजुद्दौला के हरा के देश में ब्रिटिश शासन शुरू करावे वाला लार्ड क्लाइव इंगलैड मे आत्महत्या कइलन. 1841.. अफगानिस्तान मे शाह शुजा का खिलाफ अकबर खान के बगावत. 1851.. लुईस नेपोलियन फ्रांस के सत्ता … Read more

 336 total views

राहुल गांधी के लगावल आरोपन के निराधार बतवले अखिलेश

लखनऊ 01 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राहुल गांधी के ओह आरोपन के बेबुनियाद बतवले बाड़न जवना में कहल रहे कि विकास के केन्द्रीय योजना मे राज्य सरकार सहयोग नइखे देत. अखिलेश यादव कहलन कि उनुके सरकार एम्स बनावे ला रायबरेली मे नि:शुल्क जमीन दिहले बिया. जबकि मायावती का जमाना में लाख … Read more

 493 total views

ट्रक से कचरा के दू गो औरतन के मौत

सिवान 01 नवम्बर (वार्ता) सिवान जिला के भगवानपुर थाना के कौरिया तख्त टोला का नियरा भोर में एगो ट्रक से कचरइला से दू गो औरतन के मौत हो गइल. पुलिस बतावत बिया कि दुनु औरत भोर में शौच खातिर जात रहली जब एगो तेज रफ्तार ट्रक ओह लोग के कचारत भाग गइल. एह चलते असगुन … Read more

 329 total views

त्यौहार के भीड़ का चलते लुधियाना सहरसा अम्बाला के बीच स्पेशल ट्रेन

गोरखपुर 01नवम्बर (वार्ता) त्यौहार पर भीड देखत एक जोडी स्पेशल अनारक्षित ट्रेन लुधियाना सहरसा अम्बाला के बीच चलावे के फैसला भइल बा पूर्वोत्तर रेलवे के प्रवक्ता बतवलन कि इ विशेष गाडी संख्या 04508 लुधियाना से सहरसा खातिर सोमार, बुध आ बियफे चार.छह आ सात नवम्बर के आ लवटत में विशेष गाडी संख्या 04507 सहरसा से … Read more

 342 total views

बम विस्फोटन का मामिला में दरभंगा से एगो अउर नवही गिरफ्तार

दरभंगा 31 अक्टूबर (वार्ता) पटना आ महाबोधि मंदिर परिसर मे भइल बम विस्फोटन के जांच करत एनआईए दरभंगा जिला के अशोक पेपर मिल थाना के सिंधौली गांव से मोहम्मद महमूद आलम के बेटा मेहर आलम के गिरफ्तार क लिहले बिया. बाद में मेहर आलम एनआईए के कब्जा से पूछताछ के दौरान मुजफफरपुर से फरार हो … Read more

 375 total views

दहेज मामिला में पति के मिलल सात साल के जेल

वाराणसी 31 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे दहेज ला अपना पत्नी के आत्महत्या करे ला मजबूर कइला का आरोप में अदालत ओह औरत के पति सरफराज अली के सात साल के जेल आ दस हजार रुपिया जुर्माना के सजा दिहलसि. केस रहे कि लोहता के कोटवा गांव के सरफराज के विआह साल 2008 मे बडागांव के … Read more

 264 total views