web analytics

इतिहास में 01 नवंबर

1858.. भारत के प्रशासन ईस्ट इंडिया कंपनी से ब्रिटिश राजघराना का हाथ मे गइल. 1881.. पश्चिम बंगाल के सियालदह आ आर्मेनियाई घाट ट्रैक के बीच कलकत्ता ट्राम्सवेज कंपनी पहिला ट्राम सेवा शुरू कइलसि. 1913.. सैन फ्रासिंस्को मे तारक नाथ दास गदर आंदोलन शुरू कइले. 1950.. चितरंजन लोकोमोटिव कारखाना मे भाप से चले वाला इंजन बनावल … Read more

 297 total views

जौनपुर से कांग्रेसी विधायक रहल नेता रेलगाडी से कटइले

जौनपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के रारी विधानसभा क्षेत्र से कांग्रेसी विधायक रहल तेज बहादुर सिंह के ट्रेन से कटइला का चलते मौत भइल. लाइन बाजार इलाका के शिवापार गांव के तेज बहादुर सिंह साल 1980 मे विधायक चुनाइल रहले. रोज का तरह आजुओ उ अपना तीन गो साथियन संग टहले गइल रहले जब … Read more

 343 total views

वेस्टइंडीज के खिलाफ टीम मे जहीर.सहवाग नइखन

नयी दिल्ली 31 अक्टूबर (वार्ता) ढेर दिन से टीम इंडिया मे वापसी ला तिकवत अनुभवी गेदबाज जहीर खान आ विस्फोटक बल्लेबाज वीरेद्र सहवाग के फेरू निराश होखे के पड़ल बा काहे कि उनका के वेस्टइंडीज के खिलाफ छह नवंबर से शुरू होखे जात सचिन तेदुलकर के करियर के आखिरी दू गो टेस्ट वाला सीरीज से … Read more

 280 total views

महामृत्युंजय जाप कराए गइल पंडितजी गंगा मे डूबले

वाराणसी 31 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे महामृत्युंजय जाप कराए गइल एगो पंडित जी के गंगा मे डूबला से मौत हो गइल जबकि उनका बाबूजी के गाँव वाले बचा लिहले. पुलिस बतावत बिया कि आनन्द शंकर पाण्डेय अपना बेटा मनीष पाण्डेय संगे कैथी क्षेत्र मे महामृत्युंजय जाप कराए गइल रहले. बाप बेटा गंगा मे नहाए उतरले … Read more

 282 total views

पेट्रोल 1.15 रुपिया सस्ता.बाकिर डीजल 50 पइसा महंग भइल

नयी दिल्ली 31 अक्तूबर (वार्ता) अंतर्राष्ट्रीय बाजार मे मोटर स्प्रिट के दाम कम भइला का चलते आ रुपिया में मजबूती से तेल कंपनी पेट्रोल के दाम 1.15 रुपिया हर लीटर पर कम कर दिहले बाकिर डीजल के दाम 50 पइसा हर लीटर प बढा दीहल गइल बा.  266 total views

 266 total views

नाला से एगो लाश मिलल

गोरखपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर जिला के शाहपुर में नाला से एगो लाश निकालल गइल. पुलिस बतवलसि कि पादरी बाजार निवासी चालीस साल के संजय दूबे कवनो काम से घर से निकलल रहले बाकिर लवटले ना. बाद में धरमपुर नाला मे उनकर लाश मिलल. लाश प गंभीर चोट के निशान बा. हत्या शायद जमीनी विवाद … Read more

 238 total views

मुख्य न्यायाधीश डा.धनंजय वाई चन्द्रचूड शपथ लिहलन

इलाहाबाद 31 अक्टूबर (वार्ता) न्यायमूर्ति धनंजय वाई चन्द्रचूड इलाहाबाद उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के शपथ लिहलन. शपथ राज्यपाल बी.एल. जोशी दिअवले. एह समारोह में प्रदेश के मुख्य सचिव समेत अनेके प्रशासनिक आ पुलिस अधिकारी मौजूद रहले. न्यायमूर्ति धनंजय वाई चन्द्रचूड के जनम 11 नवम्बर 1959 के भइल रहे. दिल्ली विश्वविद्यालय से लॉ की डिग्री … Read more

 276 total views

छपरा से छिटपुट

झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के माँग ले के एहिजा के औरत सब हाथ में झाड़ू-डंडा लेके सड़क प प्रदर्शन कइली साथ में कुछ मरद आ लड़िको रहले सँ. आरा पुल … Read more

 362 total views

नरेन्द्र मोदी के सुरक्षा बढ़ावल गइल

नई दिल्ली . 01 नवंबर (वार्ता) भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी का सभा का दौरान पटना मे भइल बम धमाकन के मद्देनजर केन्द्र सरकार उनकर सुरक्षा बढावे के फैसला कइले बिया. सरकारी सूत्र बतावत बाड़े कि अब उनका लगभग उहे सुरक्षा मिलल करी जवन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, संप्रग प्रमुख सोनिया … Read more

 312 total views

छत्तीसगढ मे कांग्रेस राजघरानन से किनारा करे लागल

रायपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) छत्तीसगढ मे कांग्रेस के राजनीति मे कबो राजघरानन के रहल वर्चस्व अब खतम होखत बा आ पार्टी ओह लोग से अब किनारा करे लागल बिया. पुरनका मध्यप्रदेश मे छत्तीसगढ के लगभग डेढ दर्जन सीट प राजघरानन के वर्चस्व रहत रहे. एहनी से या त राजपरिवारे के कवनो सदस्य भा उनकर कवनो … Read more

 330 total views

कांग्रेस और भाजपा में टिकट लेके गुटबाजी चरम पर

जयपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) राजस्थान में एक दिसंबर के होखे वाला विधानसभा चुनाव में टिकट खातिर कांग्रेस आ भाजपा में जम के गुटबाजी चलला का चलते उम्मीदवार तय नइखन हो पावत. आज होखे वाला भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति के बइठक टार दीहल गइल. कांग्रेसो के छानबीन समिति के आज दिल्ली में होखे वाली बइठक … Read more

 439 total views

राकांपा दिल्ली मे सगरी 70 सीट प चुनाव लडी

नयी दिल्ली .31 अक्टूबर (वार्ता) केद्र के गठबंधन सरकार मे शामिल राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी दिल्ली विधान सभा के सगरी 70 सीट पर अकेले चुनाव लडे के तय कइले बिया. राकांपा के दिल्ली इकाई के अध्यक्ष कुंवर प्रताप सिंह एह बात के एलान करत कहले बाड़न कि दिवाली बाद उम्मीदवारन के नाम के एलान हो जाई. … Read more

 320 total views

भाजपा मध्यप्रदेश के 147 उम्मीदवारन के नाम के एलान कइलसि

नयी दिल्ली 31 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश मे लगातार तिसरका बेर सत्ता मे आवे खातिर अपना तरकश के हर तीर आजमाए मे जुटल भाजपा अपना 147 उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान अपना पुरानके सीट बुधनी से लड़ीहे. दू गो मंत्रियन के टिकट काटल गइल बा आ तीन गो सांसदन के विधानसभा … Read more

 325 total views