web analytics

तृणमूल कांग्रेस तीन गो नगरपालिका के चुनाव जीतलसि

कोलकाता 25 नवम्बर (वार्ता) पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के अगुवई वाली तृणमूल कांग्रेस राज्य में भइल पांच गो नगरपालिकन मे से तीन गो में जीत गइल बिया आ हावड़ा नगर पालिका में बढ़त बनवले बिया. वोट शुक का दिने पड़ल रहे. झारग्राम नगरपालिका के माकपा से छीन के तृणमूल कांग्रेस अपना कब्जा मे … Read more

 340 total views

अनजान बेमारी से पूर्वी चंपारण में नौ लोग मरल

मोतिहारी 25 नवम्बर (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका में काल्हु रात से अबले कवनो अनजान बेमारी से तीन गो मेहरारूवन समेत नौ लोग के मौत हो गइल बा. पुलिस बतावत बिया कि सुगौली नगर पंचायत वार्ड संख्या 3 मे सात गो आ फुलवरिया पंचायत के नयका टोला में दू लोग के मौत एह … Read more

 326 total views

इतिहास मे 25 नवम्बर

1667… काकेशेस पर्वतशृंखला मे आइल भयंकर भूकंप से नाहियो त अस्सी हजार लोग मर गइल. 1866… इलाहाबाद उच्च न्यायालय के उद्घाटन भइल. 1867… अल्फ्रेड नोबेल डायनामाइट के पेटेन्ट करवले. 1879… जानल मानल शिक्षाविद आ संत कवि टी.एल. वासवानी के जनम. 1975… नीदरलैड सूरीनाम के आजाद कइलसि. 1980.. फ्रांस मुरुओरा द्वीप मे परमाणु परीक्षण कइलसि. 1983… … Read more

 265 total views

आजु सोमार के ईवीएम मे बंद हो जाई मध्यप्रदेश के फैसला

भोपाल 24 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश में विधानसभा चुनाव खातिर वोट डलवावे के सगरी काम पूरा क लीहल गइल बा. सोमार का दिने चौकस सुरक्षा का बीच सबेरे साते बजे से वोट पड़ल शुरू हो जाई आ साँझ पाँच बजे ले चली. एह चुनाव में अढ़ाई हजार से अधिका उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला हो जाई. … Read more

 295 total views

पांच राज्य आ देश में होखे वाला चुनाव जन आंदोलन बन गइल बा, कहले मोदी

चितौडगढ 24 नवंबर (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेद्र मोदी के कहना बा कि पाच गो राज्य आ औकरा बाद होखे वाला देश के आम चुनाव चुनाव ना रह के जन आंदोलन बन गइल बा आ जनता कांग्रेस सरकार के हटावे ला एडी चोटी के जोर लगवले बिया. आजु … Read more

 320 total views

सबले बेसी छक्का मारे वालन में छठवाँ जगहा चहुँपले धोनी

विशाखापट्टनम. 24 नवंबर (वार्ता) भारत के क्रिकेट कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी एकदिना क्रिकेट में सबले अधिका छक्का मारे वाला खिलाड़ियन का सूची में छठवाँ जगहा प आ गइले. आस्ट्रेलिया के कप्तान रहल रिकी पोटिंग पाछा छूट गइले. एह मैच मिला के धोनी अपना कप्तानी के डेढ़ सौ मैचो पूरा लिहले. आजु भइल मैच में भारत … Read more

 303 total views

पट्टीदारी के झगड़ा में एक आदमी के जान गइल

गोरखपुर 24 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के चौरीचौरा इलाका में आजु पट्टीदारी का झगड़ा में एक आदमी के पीट पीट के मुआ दीहल गइल. एह झगड़ा में पाँच जने घवाहिल हो गइले. पुलिस बतावत बिया कि चौरीचौरा इलाका के रामुपुर गांव मे पचास बरीस के नीबू लाल अपना खेत में नाली बनावत रहल तबहिए ओकरा … Read more

 309 total views

राजस्थान के लोग कांग्रेस के सबले अधिका जहर भरल बतावल

बांसवाडा 24 नवम्बर (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी आजु कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी पर पलटवार कइले आ सभा में आइल लोगे का मुँह से कहववले कि सबले अधिका जहरीला पार्टी कांग्रेस हिय. शनिचर का दिने कोटा मे भइल सभा मे सोनिया गाँधी भाजपा के जहरीला बतवले रही. … Read more

 334 total views

रेलवे ग्रुप डी के परीक्षा मे नकल करावे वाला चार जने गिरफ्तार

पटना. 24 नवम्बर (वार्ता) बिहार के राजधानी पटना के पीरबहोर इलाका से पुलिस के स्पेशल टॉस्क फोर्स.आजु चार जने के गिरफ्तार क लिहलसि. एह लोग पर अछरंग लगावल गइल बा कि ई लोग रेलवे के ग्रुप डी परीक्षा मे नकल करावे वाला रहे.  353 total views

 353 total views

बाबा विश्वनाथ मंदिर के जीर्णोद्धार करावल जाई

लखनऊ 24 नवम्बर (वार्ता) बारह ज्योतिर्लिंगन मे शामिल काशी विश्वनाथ मंदिर के जीर्णोद्धार करावे के फैसला लीहल गइल बा. एह काम में बीस करोड रुपिया से अधिका खरच होखे के हिसाब लगावल गइल बा. मंदिर के मौजूदा हालत बहुते जर्जर हो गइल बा. एकरा के दुरुस्त करे ला अभियंतन के टीम जांच क के प्रोजेक्ट … Read more

 272 total views

मोदी के रैली खातिर 44 गो स्पेशल रेलगाडी

लखनऊ 24 नवम्बर (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के लखनऊ रैली खातिर 44 गो स्पेशल ट्रेन चलावल जाई. भाजपा सूत्र .यूनीवार्ता के बतवले कि लखनऊ रैली के दिन अबहीं नइखे धराइल बाकिर फरवरी में धराए के उमेद बा. एह रैली में पन्द्रह लाख लोग के शामिल करावे के लक्ष्य … Read more

 255 total views

सहायक प्रबंधक के खुदकुशी मामिला में प्रबंधक गिरफतार

गोपालगंज 24 नवम्बर (वार्ता) गोपालगंज नगर थाना इलाका में भारतीय औद्योगिक विकास बैक के सहायक प्रबंधक स्नेहा सिंह के खुदकुशी क लिहला का बाद एह मामिला में बैंक के प्रबंधक समेत तीन गो अधिकारियन के पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.  301 total views

 301 total views

बिहार शिवसेना के उपाध्यक्ष के हत्या

बक्सर 24 नवम्बर (वार्ता) बक्सर जिला के राजपुर इलाका के पासोपुर गांव का नियरा काल्हु देर सँझिया बिहार प्रदेश शिवसेना के उपाध्यक्ष अग्निदेव राय समेत दू लोग के गोली मार के हत्या क दीहल गइल.  325 total views

 325 total views

इतिहास मे 24 नवम्बर

1874.. अमेरिका के जोसफ एफ ग्लिडेन कांटेदार तार के पेटेट करवलन. 1922.. इटली के ससंद बोनिटो मुसोलिनी के एक साल ला अधिनायकवादी सत्ता दिहलसि. 1926.. स्वतंत्रता संग्राम सेनानी महर्षि अरविन्दो पूर्ण सिद्धि पवले. 1944.. अमेरिकी बमवर्षक विमान टोक्यो पर हमला शुरु कइले. 1949.. ब्रिटेन में इस्पात आ लौह उद्योग के राष्ट्रीयकरण भइल. 1954.. फ्रांस 20 … Read more

 277 total views

जमीन के झगड़ा में एक आदमी के मुआ दीहल गइल आ छ जने के घवाहिल

छपरा 23 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के बनियापुर इलाका के अमाव गांव मे जमीन खातिर भइल झगड़ा में एक आदमी के पीट पीट के मुआ दीहल गइल. छह जने घवाहिलो भइल बाड़े. पुलिस सूत्र बतवले कि अमाव गांव के शब्बीर मियां के जमीन खातिर अपना पटीदारन से झगड़ा रहुवे. एही लेके आजु सबेरे दुनु फरीक … Read more

 355 total views

आईडीबीआई की सहायक प्रबंधक फंसरी लगा के जान दिहली

गोपालगंज 23 नवम्बर (वार्ता) गोपालगंज नगर थाना के श्याम सिनेमा रोड मे आजु भोर में भारतीय औद्योगिक विकास बैक :आईडीबीआई: के सहायक प्रबंधक स्नेहा सिंह गरदन में फँसरी लगा के जान दे दिहली. अपर पुलिस अधीक्षक अनिल कुमार बतवले कि आईडीबीआई के मुख्य शाखा मे सहायक प्रबंधक के पद पर काम करे वाली पटना राजेन्द्र … Read more

 326 total views

तरुण तेजपाल के जल्दिए गिरफ्तार करी गोवा पुलिस

नयी दिल्ली.23 नवम्बर (वार्ता) यौन शोषण के आरोप में घेराइल तहलका मुख्य संपादक तरूण तेजपाल के गिरफ्तार होखे के उमेद बढ़ गइल बा. तहलके के एगो संवाददाता के यौन शोषण करे का मामिला में तरूण तेजपाल का खिलाफ केस लिख के दिल्ली आइल गोवा पुलिस तेजपाल के कबहियो गिरफ्तार क सकेले. तेजपाल पहिले त आपन … Read more

 307 total views

डिप्टी जेलर के गोली मार दिहले सँ हत्यारा

लखनऊ 23 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी जिला जेल के डिप्टी जेलर अनिल त्यागी के आजु सबेरे गोली मार के हत्या क दीहल गइल. वाराणसी के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक मोदक डी राजेश्वर राव यूनीवार्ता के बतवले कि त्यागी सबेरे नौ बजे जिम जात रहले जवना घरी पहिले से घात लगा के बइठल हत्यारा उनुका के गोली मार … Read more

 325 total views

सीरीज जीते से बस एक डेग दूर बिया टीम इंडिया

विशाखापट्नम. 23 नवंबर (वार्ता) पिछला मुकाबले मे मिलल शानदार जीत के बाद मजबूत हौसला वाली भारतीय टीम जब अतवार का दिने एहिजा अपना कप्तान महेद्र सिंह धोनी के अगुवई में वेस्टइंडीज का खिलाफ दुसरका एकदिना खेले उतरी  ओकर अकेला लक्ष्य होखी मैच जीत के सीरीज कब्जियावल. वेस्टइंडीज टीम के कोच्चि मे छह विकेट से हराके … Read more

 390 total views

मुलायम हो गइले डा. मुलायम

लखनऊ 23 नवम्बर (वार्ता) डा. राम मनोहर लोहिया राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय के पहिला दीक्षांत समारोह मे समाजवादी पार्टी प्रमुख मुलायम सिंह यादव आ सर्वोच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति ए के सीकरी के कानून के सबले बड़का उपाधि एल डी एल के मानद उपाधि से सम्मानित कइल गइल. एह समारोह मे कुलपति प्रो. डा. गुरदीप सिंह मेहमानन … Read more

 386 total views