Go to ...
RSS Feed

Archives for November 2013

सचिन के राजनीति से फरदवला रहे के सलाह दिहलन मिल्खा सिंह

नोएडा 23 नवम्बर (वार्ता) उडन सिख. मिल्खा सिंह अन्तरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेबे वाला मास्टर ब्लास्टर सचिन तेदुलकर के राजनीति से फरदवला रहे के सलाह दिहले बाड़न. नोएडा के जेनेसिस ग्लोबल स्कूल मे शनिचर का दिने एगो कार्यक्रम का बाद संवाददातन से बतियावत मिल्खा सिहं ई सलाह दिहले. कहलन कि सचिन अपन खेल से देश

नेपाल के चुनाव में नेपाली कांग्रेस के बढ़त बरकरार

काठमांडू 23 नवंबर (वार्ता) नेपाल के संविधानसभा खातिर भइल चुनाव के वोट गिनाइल चालू बा. अबही ले 98 गो सीट जीत चुकल नेपाली कांग्रेस सबले आगे बिया, दुसरका जगहा प 88 सीट जीते वाली नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी .ए.मा.ले. बिया आ तिसरका जगहा प एकीकृत नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी बिया जवना के अबले 24 गो सीट

मोदी शादीशुदा हउवें, बिआह जबरिया करावल रहे : स्वामी

बेर बेर नरेन्द्र मोदी के बिआह के बात उठावे वाला कांग्रेस के जोरदार चोट देत भाजपा नेता डाॉ सुब्रह्मण्यम स्वामी कह दिहले कि हँ मोदी के शादी भइल रहे बाकिर उनका मर्जी का खिलाफ. मोदी तबहिए एह शादी के नकार दिहले रहले आ अपना पत्नी से अलगे रहत आइल बाड़े, एकरा साथही स्वामी सवाल उछाल

नेपाल में संविधान सभा के चुनाव ला वोटिंग चालू

नेपाल में संविधान सभा के चुनाव खातिर नेपाल के सवा करोड़ मतदाता आजु अपना वोट के इस्तेमाल करीहें. आजु मंगल 19 नवंबर से वोटिंग के शुरूआत हो गइल बा. एह वोटिंग में देश के कुल 122 गो राजनीतिक गोल आपन उम्मीदवार संविधान सभा के 601 गो सीटन ला खड़ा कइले बाड़े. जीतल प्रतिनिधि देश के

मेहरारूवन के आपन बैंक

आजु देश में मेहरारूवन ला पहिलका बैंक के शुरुआत होखे जा रहल बा. देश के प्रधानमंत्री रहल इंदिरा गांधी का जनम दिन पर एह बैंक के शाखा के उद्घाटन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, वित्त मंत्री चिदंबरम आ कांग्रेस अध्यक्षा अउर इंदिरा गाँधी के पतोहू सोनिया गांधी मुंबई में करीहें. उद्घाटन मुबई में होखी बाकिर आजुए से

अतरवलिया में बनत बा सचिन के मंदिर

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी अपना गाँव कैमूर जिला के अतरवलिया में क्रिकेट के भगवान सचिन तेंदुलकर के मंदिर बनवावत बाड़े. एह मंदिर में आजु सचिन के मूर्ति के “प्राण प्रतिष्ठा” करावल जाई. एह मंदिर बनवावे में मनोज तिवारी सत्तर लाख रुपिया लगवले बाड़े. एह मंदिर में सचिन का साथही कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी

नरेन्द्र मोदी कहले कि करप्शन में तीनो लोक नाश दिहलसि कांग्रेस

राजस्थान के अलवर में भाजपा के चुनावी सभा में बोल बीजेपी के पीएम पद के उम्मीदवार नरेंद्र मोदी कांग्रेस सरकार के जम के निशाना पर लिहले. कहलन कि अपना करप्शन, भठियरपन, में कांग्रेस कवनो लोक ना छोड़लसि. धरती, आसमान, पाताल तीनो लोक में अपना भठियरपन के कमाल देखवले बिया कांग्रेस. मोदी कहलन कि शाहजादा कहत

अन्ना कहले कि अरविंद केजरीवाल उनकर दुश्मन ना हउवें

सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे फेरू अरविंद केजरीवाल ले के कुछ सवाल उठवले बाड़न बाकिर इहो कहलन कि अरविंद केजरीवाल उनकर दुश्मन ना हउवें बाकिर उनका नाम के गलत इस्तेमाल मत होखो. अपना गांव रालेगण सिद्धी में मीडिया से बतियावत अन्ना कहलन कि उनका नाम के गलत इस्तेमाल होखत बा, आम आदमी पार्टी काहे दावा करत

सात लोग के जहर खिया के लाखो के सामान लूट लिहले जहर खुरान

गाजीपुर 15 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर जिला के कासिमाबाद मे जहर खुरान रसूलपुर गांव मे एके परिवार के सात लोग के नशीला लड्डू खिआ के बेहोश क दिहले आ घर से लाखो के सामान लूट ले गइले. पुलिस बतावत बिया कि जहरखुरान गिरोह के दू गो सदस्य ओझा सोखा बनके इन्द्रदेव यादव के घरे अइले आ

सिसवन थाना प्रभारी निलंबित

सिवान 15 नवंबर (वार्ता) सिवान जिला के सिसवन थाना के प्रभारी चंद्र प्रकाश के अपना काम में लापरवाही करे का आरोप मे निलंबित क दीहल गइल बा. बतावल जात बा कि तीन दिन के छुट्टी प गइल चंद्र प्रकाश छुट्टी का बाद ड्यूटी प ना लवटले त पुलिस अधीक्षक विवेक कुमार उनका के तत्काल प्रभाव

एशिया के सबले बड़का पशु मेला सोनपुर मेला शनिचर से शुरू होखी

सोनपुर .सारण. 15 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के सोनपुर मे गंगा आ गंडक नदी के संगम पर लागे वाला एशिया के सबले बड़का हरिहर क्षेत्र पशु मेला शनिचर से शुरू होखी. प्रदेश के राजस्व एवं भूमि सुधार मंत्री रमई राम एकर उद्घाटन करीहें. मेला के परम्परागत गँवई स्वरूप बरकरार राखतो एकरा के आधुनिक रूप देबे

सचिन के आउट क के इतिहास में दर्ज हो गइलन नरसिंह देवनारायण

मुंबई. 15 नवंबर (वार्ता) देशे ना दुनिया भर के खास शख्स बन चुकल सचिन तेदुलकर के उनका क्रिकेट करियर के 200वां आ आखिरी टेस्ट में आउट क के वेस्टइंडीज के गेदबाज नरसिंह देवनारायण के नामो इतिहास के पन्ना मे दर्ज हो गइल. 30 बरीस के नरसिंह देवनारायण खातिर उनका करियर के सबसे यादगार मैच शायद

जगदगुरू कृपालु महाराज के निधन

नयी दिल्ली.15.नवंबर (वार्ता) जगदगुरू कृपालु जी महाराज के आजु गुडगांव के एगो निजी अस्पताल मे निधन हो गइल. 9। बरीस क कृपालु जी महाराज पिछला कई दिन से कोमा में रहले आ गुड़गाँव के फोर्टिस अस्पताल में भरती रहले. कृपालुजी महाराज अपना प्रतापगढ के आश्रम मे गिरला का बाद से दिमाग में खून भर गइला

रक्सौल इलाका से एगो संदिग्ध औरत गिरफ्तार

मोतिहारी 15 नवम्बर (वार्ता) नेपाल से सटल सीमा प पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल इलाका से पुलिस एगो संदिग्ध महिला के हिरासत मे लेके पूछताछ करत बिया. पूर्वी चंपारण के पुलिस अधीक्षक विनय कुमार बतवले कि नेपाल के सीमा से सटल रक्सौल इलाका के कोईरिया टोला से एगो औरत के संदिग्ध हालात में हिरासत में

इतिहास मे 15 नवंबर

1920.. जेनेवा मे राष्ट्र संघ के पहिला सभा भइल. 1949..महात्मा गांधी के हत्या करे वाला नाथूराम गोडसे आ नारायण आप्टे के फाँसी दीहल गइल. 1982.. विनोबा भावे के निधन. 1986.. टेनिस खिलाडी सानिया मिर्जा के जनम. 2000..बिहार के बाँट के झारखंड राज्य बनावल गइल. (वार्ता के सौजन्य से)

एगो छात्र के गोली मारके हत्या

आजमगढ 14 नवम्बर (वार्ता) आजमगढ शहर कोतवाली इलाका में साँझ बेरा कुछ अनाम हमलावर एगो छात्र के गोली मार के हत्या क दिहले. पुलिस बतावत बिया कि कंधरापुर इलाका के टंडवा गाँव के पचीस बरीस के तुलसी बंसी यादव बी.ए. फाइनल मे पढ़त रहे. ओकरा के आजु आराजीबाग मोहल्ला मे आजु साँझ कुछ लोग ओकरा

चार गो बोलेरो सवार मरले

गोरखपुर 14 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के कैम्पियरगंज इलाका में एगो बेकाबू बोलेरो पुलिया से टकरा गयी जिसमे चालक समेत चार लोगो की मृत्यु हो गयी और चार घायल हो गये। पुलिस से जानकारी मिलल कि गोरखपुर से सिद्धार्थनगर जात एगो बोलेरो महावन खेडा गांव के पास पुलिया से टकरा गइल. एह हादसा में बोलेरो

मुख्यमंत्री के कहला प डाक्टर आपन रिले अनशन खतम कइले

लखनऊ 14 नवम्बर (वार्ता) मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहला प प्रदेश के सरकारी डाक्टर आपन आन्दोलन रोक के रिले अनशन खतम क दिहले. प्रान्तीय चिकित्सक सेवा संघ पीएमएस के अध्यक्ष डा.अशोक कुमार यादव आ महामंत्री डा. सचिन वैश्य बतवले कि ओह लोग का अगुवई में संघ के एगो शिष्ट मण्डल मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से उनका

मुकदमा चलत बीमार कैदी के मौत

गोण्डा 14 नवम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला जेल मे जालसाजी के मामिला मे बन्द एगो मुकदमा चलत कैदी रामरतन के जिला जेल में मौत हो गइल. वरिष्ठ जेल अधीक्षक वी.एस यादव बतवले कि रामरतन तरबगंज इलाका के परसहना गांव के रहुवे आ जालसाजी अउर कुछ दोसरो धारा में मुकदमा चलला का दौरान न्यायिक हिरासत मे गोण्डा

नून ले के अफवाह फइलावत बिया भाजपा, जदयू नेता के आरोप

पटना 14 नवम्बर (वार्ता) बिहार के खाद्य एवं उपभोक्ता संरक्षण मंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय महासचिव श्याम रजक कहत बाड़े कि राज्य मे नून के कतहीं कवनो कमी नइखे बाकिर भाजपा एह बारे में अफवाह फइलावत बिया. श्याम रजक कहलन कि काल्हु समस्तीपुर, सीतामढ़ी, मधुबनी अउर दरभंगा जिला मे नून के दाम बढ़े के अफवाह

Older Posts›› ‹‹Newer Posts