Go to ...
RSS Feed

Archives for December 2013

जानलेवा हमला मे एक आदमी के मौत

मऊ 21 दिसम्बर (वार्ता) पुलिस बतवलसि कि घोसी इलाका के मझवारा गांव के फिरोज मझवारा मधुबन रोड पर पेट्रोल पंप का नियरा पोल्ट्री फार्म चलावत रहे. काल्हु देर रात जब उ पोल्ट्रीफार्म प मुर्गियन के चारा खिआवे जात रहुवे तबहिए कुछ बदमाश उनका के गोली मार दिहले. घटना के करीब आध घंटा बाद जब फिरोज

जनता मोदी के मामर हेठ क दी, कहले मुलायम

बदायूं 20 दिसम्बर (वार्ता) सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आजु बदायूं में एगो रैली में बोलत कहलन कि एहिजा के लोग मोदी के मामर हेठ क दी. मुलायम सिंह के कहना रहे कि मोदी गुजरात मे कत्ले आम करवले. मोदी आ मुलायम दुनू के नाम म अक्षर से शुरू होला एह बेर लडाई

बिहार मे लोकसभा चुनाव ला गोलबंदी प अबहीं फैसला नइखे भइल, कहलसि कांग्रेस

पटना 20 दिसम्बर (वार्ता) बिहार कांग्रेस के उपाध्यक्ष प्रेम चन्द्र मिश्रा आजु कहले कि बिहार में लोकसभा चुनाव मे गोलबंदी गठबन्हन प अबही कवनो फैसला नइखे भइल बाकिर पार्टी कोशिश करी कि देश मे फिरकापरस्त ताकतन का खिलाफ एगो मजगर एकजुटता बने. कहलन कि अगिला चुनाव में कांग्रेस नेतृत्व वाली संप्रग आ राजग का बीच

पेट्रोल आ डीजल के दाम बढ़ गइल

नयी दिल्ली. 20 दिसंबर (वार्ता) डीलरन के कमीशन बढवला का बाद शुक के अधरतिया से पेट्रोल के दाम में 41 पइसा आ डीजल के दाम में दस पइसा के बढ़ोतरी हो गइल. वैट एकरा उपर से लागी.

भाजपा खातिर उसर रहल जमीन के उपजाऊ बनावे के बीया बो गइले मोदी

वाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश मे होखत रैलियन मे राम आ कृष्ण के नाम लेबे से कतरात नरेन्द्र मोदी शिव के नगरी काशी मे बाबा विश्वनाथ के दर्शन क के अपना पर भाजपा के एजेण्डा से दूर रहे के आरोपन के मजगर जवाब दे गइले. साथही माता गंगा के नाम प पूर्वांचल के लोग

मोदी के रांची रैली में पचास लाख लोग शामिल होखी

धनबाद 20 दिसम्बर (वार्ता) झारखंड प्रदेश भाजपा अध्यक्ष रविन्द्र राय के दावा बा कि 29 दिसम्बर के रांची मे होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली में पचासो लाख से अधिका लोग शामिल होखी. बतवलन कि पचास लाख से अधिका लोग के नेवतल जा चुकल बा. ई रैली ऐतिहासिक होखी आ झारखंड के हर गाँव कस्बा

दिग्विजय सिंह हार के जिम्मेदारी अपना कपारे लिहलन

भोपाल 20 दिसंबर (वार्ता) कांग्रेस महासचिव आ मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री रहल दिग्विजय सिंह हाल के चुनाव में कांग्रेस के हार के जिम्मेदारी अपना कपारे लिहलन, कहलन कि उनुका उमेद रहे कि कांग्रेस 110 से लेके 120 ले सीट जीती बाकिर उनकर अनुमान गलत निकलल. कहलन कि कि मालवा आ निमाड अंचल मे उनका पार्टी के

टीसन पर जूट मिल मजदूर के जरल लाश मिलल

गोरखपुर 20 दिसम्बर (वार्ता) सहजनवा टीसन के प्लेटफार्म का लगे गोरखपुर जूट मिल के एगो मजदूर के लाश जरल हालत में पड़ल मिलल. पुलिस बतवलसि कि सोमहर के बावन बरीस के बाबू राम सिंह गोरखपुर जूट मिल मे मजदूरी करत रहे. काल्हु फजीरे उ दू गो अउर मजदूरन संगे काम प गइल रहुवे. दुनू साथियन

भाजपा अध्यक्ष राजनाथ भोजपुरी मे भाषण दिहलें

वाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) विजय शंखनाद रैली मे भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजनाथ सिंह के ठेठ भोजपुरी मे दीहल भाषण लोग के बहुते रुचल. हालांकि बाद में उ हिंदी में बोले लगले. शुरूआत करत राजनाथ सिंह कहलन कि हम बहुते नेतवन के आ सभा देखली लेकिन एतना बड़हन सभा आजु ले ना देखली. हमार बड़

देश में गरीबी ला बस एकही परिवार के जिम्मेदार बतवलन मोदी

वाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) देश मे गरीबी खातिर बस एके परिवार के जिम्मेदार ठहरावत नरेन्द्र मोदी कहलन कि जस जस लोकसभा चुनाव नियरात जात बा तस तस यूपीए सरकार गरीब का हित में बोलल शुरू करत जात बिया. वाराणसी में भाजपा के विजय शंखनाद रैली के सम्बोधित करत नरेन्द्र मोदी गांधी परिवार के नाम लिहले

सरयू आ घाघरा पर कल्पवासियन के जमघट लागे लागल

गोण्डा 20 दिसम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला मे सरयू आ घाघरा के संगम प पूस महीना शुरु होखते कल्पवासियन के जमघट लागल शुरु हो गइल बा. भगवान बाराह के अवतार स्थली पसका सूकर खेत के नियरा बहत पवित्र नदी सरयू आ घाघरा के तिमुहानी घाट प दूर दूर से आइल संत, साधु अउर श्रद्धालु घासफूस के

आमान बदले का दौरान रेल यातायात बाधित रही

गोरखपुर 19 दिसम्बर (वार्ता) रेलवे प्रशासन आमान बदले का काम का चलते बढनी बलरामपुर रेल खंड पर 15 फरवरी से आ बलरामपुर गोण्डा रेल खंड पर 15 अप्रैल से रेलगाड़ियन के चलावल बंद क दी आ बाद में सूचना दी कि कहिया से एह खंडन पर रेल चलावल शुरू होखी.

कांग्रेस धरी लालू के हाथ

पटना 19 दिसम्बर (वार्ता) बिहार मे अगिला लोकसभा चुनाव खातिर गठबन्हन ले के उहचुह मे फंसल कांग्रेस के आखिरकार लालू के राजदे के संगे गइल तय लागऽता. प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अशोक चौधरी नई दिल्ली मे आज कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी आ काल्हु अध्यक्षा सोनिया गांधी से भेंट कइले रहले. एहसे बुझात बा कि गठबन्हन लेके

पहिले बाबा विश्वनाथ के दरबार तब रैली में जइहें नरेन्द्र मोदी

लखनऊ 19 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह आ पार्टी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी शुक का दिने वाराणसी मे बाबा विश्वनाथ के दर्शन कइला का बाद रैली के सम्बोधित करीहें. प्रदेश भाजपा के बोलतुआ विजय बहादुर पाठक बतावत बाड़न कि नरेन्द्र मोदी स्पेशल विमान से वाराणसी अइहें आ पहिले संकट मोचन मंदिर

सोहैल अपहरण के दोषियन के बकसल ना जाई : नीतीश

पटना 19 दिसम्बर (वार्ता) सूरत के अरबपति व्यवसायी हनीफ हिंगोरा के बेटा सोहैल के अपहरण का मामिला में बिहार के एगो मंत्री के शामिल होखे के खबर अइला का बाद आपन चुप्पी तूड़त नीतीश कुमार कहले बाड़न कि पुलिस मामिला के तह ले जाई आ दोषियन के बकसल ना जाई. सोहैल के अपहरण दमन से

दिल्ली में सरकार बनावे ला केजरीवाल के अउरी समय दी केन्द्र

नयी दिल्ली।9 दिसंबर (वार्ता) केन्द्रीय गृहमंत्री सुशील कुमार शिंदे आज कहलन कि दिल्ली मे आम आदमी पार्टी (आ आपा) के सरकार बनावे ला अउरी समय देबे ला केन्द्र तइयार बा. शिंदे कहलन कि केन्द्र एह बारे में कवनो बाधा खतम कइल चाहत बा आ आ आपा के अउरी समय देबे ला तइयार बा. केन्द्र दिल्ली

मेहरारू जहर खा के जान दिहलसि

गाजीपुर 19 दिसम्बर (वार्ता) सुहवल क्षेत्र के उधरनपुर गाँव के सरिता देवी अपना मरद अजीत से बुध का साँझ भइल कवनो बात के झगड़ा का बाद रात में जहर खा के जान दे दिहली. पुलिस लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि आ सरिता के मरद आ ससुर समेत तीन जने के गिरफ्तार क लिहलसि.

मोदी के रैली से पहिले नमाज अता करवावे के कवनो कार्यक्रम नइखे

वाराणसी 19 दिसम्बर (वार्ता) नरेन्द्र मोदी के वाराणसी रैली से पहिले ओहिजा नमाज अता करवावे का बारे में अफवाह पसर गइल बा कि ओहिजा पहिले नमाज अता करवावल जाई. प्रदेश अध्यक्ष डा॰ लक्ष्मीकांत बाजपेयी कहले बाड़न कि कुछ अखबारन में एह तरह के खबर छपल बा जवन बेबुनियाद बा. कहलन कि रैली राजनीतिक कार्यक्रम ह

मोदी के दर्शन कार्यक्रम पुलिस प्रशासन ला चुनौती बनल

वाराणसी 19 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के दावेदार नरेन्द्र के वाराणसी में होखे वाला रैली से पहिले बाबा विश्वनाथ आ संकटमोचन मन्दिर जाए के कार्यक्रम प्रशासन के कपरबथी बन गइल बा आ एकरा के टारे के हरसंभव कोशिश करत बावे प्रशासन. प्रशासन के कहना बा कि वाराणसी सकेता वाला गलियन के शहर ह

काकोरी कांड के शहीद के याद कइल गइल

सहारनपुर 18 दिसम्बर (वार्ता) देश के आजादी ला महान क्रान्तिकारी अशफाक उल्ला खां, ठाकुर रोशन सिंह आ राम प्रसाद बिस्मिल 19 दिसम्बर 1927 का दिने देश खातिर हंसते हंसत फांसी के फंदा चूम लिहले रहले. एगो अउर क्रान्तकारी राजेन्द्र नाथ लाहिडी के दू दिन पहिलही गोंडा जेल में फाँसी प लटका दीहले रहल अंगरेज सरकार.

Older Posts››