पंचदेवरी के छपिया उप शाखा नहर के 12 आरडी पर पंचदेवरी का नियरा अब पुल बनावल जाई. अबहीं ले एह गाँव के लोग बाँस के चचरा से बनल पुल से नहर पार करत रहुवे. बियफे का दिने पुल के शिलान्यास क दीहल गइल. पुल बन गइला का बाद गाड़ियनो के आवाजाही होखे लागी.
आइडीबीआइ बैंक के बंजारी रोड शाखा के सहायक प्रबंधक के फाँसी लगवला के मामिला में जाँच करे ला मुंबई से आइल बैंक के विजिलेंस टीम घंटन ले जांच कइलसि.
नगर के मिंज स्टेडियम में राजेन्द्र जयंती का मौका प कवि सम्मेलन आ मुशायरा करावल गइल.
जिलाधिकारी रहल जी कृष्णया के काल्हु बियफे का दिने मौजूदा जिलाधिकारी कृष्ण मोहन, नगर परिषद अध्यक्ष रुक्मिणी देवी आ तमाम वरीय पदाधिकारी लोग श्रद्धांजलि दीहल. डीएम रहते में कृष्णैया के हत्या मुजफ्फरपुर में काल्हुए का तारीख में साल ९४ में क दीहल रहे.
विष्णु शुगर मिल में 9 तारीख से ऊँख के पेराई शुरू क दीऋल जाई. एकरा ला बियफे का दिने विधि विधान से मिल प्रबंधन पूजा करवलसि.
थावे के लछवार पंचायत के खानपुर गांव में बुध का देर रात में अचके लागल आग से स्वामीनाथ महतो, रामनाथ महतो, संजीत सिंह वगैरह के झोपड़ी में राखल हजारो के सामान राख हो गंइल.
गोपालगंज जिला के खाली पड़ल पंचायत प्रतिनिधियन के पैंतीस जगहा ला उप चुनाव बारह जनवरी के करावल जाई. एकरा ला परचा भराई अठारह दिसंबर से शुरू होखी.
मनरेगा के काम में आलस देखावे का चलते गोपालगंज जिला के तीन गो पंचायतन के मुखिया के मनरेगा के काम करावे से हटा दीहल गंइल बा. एह लोग पर कार्यवाहिओ करावल जा सकेला.
भोरे का राजनारायण कन्या उच्च विद्यालय में पढ़े गइल दमकिया गाँव के पन्दरह साल के एगो लइकी के अपहरण क लीहल गइल बा. लइकी के बाप थाना में केस लिखववले बाड़न कि ओकरा के शादी का नीयत से उठावल गइल बा.
बैकुण्ठपुर के दिघवा दुबौली डाक बंगला रोड का नियरा एगो मोबाइल दुकान के ताला तूड़ के हजारो रुपिया के सामाम चोरा लीहल गइल बा. एह बाबत दुकानदार गोरौली गाँव के जयश्री कुमार थाना में केस लिखववले बाड़े.
330 total views, 2 views today