web analytics

छपरा न्यूज ५ दिसंबर

१९ नवम्बर का दिने डंपर के टंकी वेल्डिंग करत में झंउसल मंझोपुर तरैया के मिस्त्री झूलन शर्मा के आखिरकार पटना के अपोलो नर्सिंग होम में बियफे दुपहरिया में मौत हो गइल जहाँ ओकर इलाज चलत रहुवे.


गड़खा छपरा मेन रोड पर बुध का रात गश्त लगावर पुलिस के नजर अलोनी बाजार का नियरा पुला का नीचे दर्द से कराहत दू गो नवहियन प पड़ल. बगले में ओह लोग के मोटरसाइकिल फेंकाइल पड़ल रहुवे. पुलिस दुनु के अस्पताल में भरती करवलसि. अगर नजर ना पड़ल रहीत त दुनु जने के ओहिजे मौतो हो सकत रहुवे.


जलालपुर के संवरीडीह गांव का दलित बस्ती में सोलिंग उखाड़ के पेड़ लगावे का झगड़ा में फायरिंग करे के शिकायत थाना में दर्ज करावल गइल बा.


काल्हु सारण के पुलिस कप्तान बैंक अधिकारियन संगे बइठक क के तय करवले कि छपरा शहर में रात मे तीन गो एटीएम चालू रहल करी.


जलालपुर के भटकेसरी गांव का दलित बस्ती में आंगनबाड़ी केन्द्र के भवन बनवावे ला गाँव के लोग प्रखंड प प्रदर्शन कइल.


तरैया थाना के डेवढ़ी गांव में बियफे का दुपहरिया बिजली के तार छुअइला का चलते सुरेश राय के बारह साल के लड़िकी के मौत हो गइल. ई बिजली के तार गलत तरीका से बिजली चोरावे खातिर नट टोला के कुछ लोग खींचले रहुवे जब उ लइकी ओह तार से छुआ गइल.


रिविलगंज थाना के गोदना गांव में बियफे का दिने मरद मेहरारू का झगड़ा में मेहरारू के आग लगा दिहलसि मरद. झँउसल औरत रूखसार खातून के इलाज ला अस्पताल में भरती करावल गइल बा जेकरा के ओकर मरद मोहम्मद सिपाही आग लगा दिहले रहुवे.


पहिले से चेतवला का बाद काल्हु छपरा शहर में अतिक्रमण हटाओ अभियान चला के चौक चौराहा प से अतिक्रमण हटावल गइल.


छपरा शहर के वार्ड-42 के चुनाव ला परचा भराई के आखिरी दिने तीन जने परचा दाखिल कइले. ई रहलीं बड़का मुहल्ला के नवल किशोर राय के मेहरारू प्रभावती देवी, बड़ा तेलपा नई बस्ती के शीलानाथ सिंह के मेहरारू अमिता देवी आ बड़का तेलपा के सच्चिदानंद सिंह के मेहरारू सरस्वती देवी.


परसा थाना के सगुनी नट टोला में बुध का रात अचके लागल आग से दू गो झोपड़ी राख हो गइली स. ई मड़ई ढुनढुन नट आ सदावृज नट के रहुवे.


दरियापुर ब्लॉक के ढीका गाँव के शहीद हरिनारायण के अंतिम संस्कार भइल. हरिनारायण पिछला दिने औरंगाबाद जिला के नबीनगर में भइल नक्सली हमला में मरा गइल रहले.

 331 total views,  2 views today

%d bloggers like this: