web analytics

देवरिया न्यूज ५ दिसंबर

नौ दिसंबर के बीएसए कार्यालय पर धरना दीहें शिक्षक लोग


देवरिया गोरखपुर रोड प कुर्ना नाला का नियरा शहीद सैय्यद अब्दुल गनी शाह के दरगाह शरीफ प बियफे का दिने उर्स मुबारक के आयोजन भइल. देर रात ले लंगर चलल आ रात भर कव्वाली.


हरियाणा से भागल प्रेमी जोड़ा देवरिया में धरइले. पुलिस बतावत बिया कि दुनु बालिग बाड़े आ दुनु फरीकन का बीच सुलह समझौता के कोशिश होखत बा.


लार के चुरिया से बिहार के गुठनी का सोन्हुला गाँव में गइल बरात में चली गोली चलला से दूलहा के चाचा घवाहिल हो गइले. गोरखपुर अस्पताल में उनका लागल गोली निकालल गइल. हालत गम्हीर बाकिर थीर बा.


सलेमपुर गोरखपुर रोड पर सड़क हादसा में दू गो बाइक सवारन के मौत हो गइल आ एगो बूढ़ औरत घवाहिल हो गइल.


देवरिया कोतवाली थाना के तारासरा गाँव का नियरा बियफे देर साँझ पुलिस पाँच गो चोरी के मोटर समेत दू जने के धर लिहलसि.

 253 total views,  5 views today

%d bloggers like this: