web analytics

देश दुनिया ६ दिसंबर

रंगभेद विरोधी आन्दोलन के प्रतीक नेल्सन मंडेला के आजु निधन हो गइल. उनका सम्मान में भारत सरकार पांच दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइले बिया. मंडेला के सम्मान में शुक का दिने संसद के दुनु सदन दिन भर ला स्थगित क दीहल गइल.

निर्वाचन आयोग के मंजूर ना भइल आचार संहिता के उल्लंघन प तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता के तर्क. चुनाव आयोग जयललिता के आगे से सावधान रहे के कहले बिया.

केन्द्र सरकार के मंत्री समूह गन्ना किसानन के राहत चहुँपावे खातिर चीनी उद्योग खातिर राहत पैकेज के सिफारिश कइलसि.

उच्चतम न्यायालय व्यवस्था दिहलसि कि भगोड़ा आरोपियन के अंतरिम जमानत ना मिले के चाहीं.

इंडोनेशिया में चलत विश्व व्यापार संगठन के बइठक में खाद्य सुरक्षा पर भारत के चिन्ता का चलते मसौदे में बदलाव कइल गइल.

दिल्ली सर्राफा बाजार में सोना के दाम हर दस ग्राम ला चार सौ पैंसठ रूपिया कम हो के ३०७८५ पर बंद भइल. रुपिया के दाम में डालर का मुकाबले चौंतीस पइसा के मजबूती आइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: