ददरी मेला के आखिरी दौर चलत बा आ एह चलते खरीददारन के भीड़ उमड़े लागल बा. मेला के समापन अतवार आठ दिसंबर के होखे वाला बा. काल्हु अतवार का दिने खूब भीड़ जुटे के उमेद लगा के दुकानदार अपना दुकानन में सामान भरे में लागल बाड़े.
बैरिया के मिसिर के मठिया गांव में बियफे का दिने खाना बनावत आग लगला से तीन गो मड़ई राख हो गइली सँ. एह आग में तीन गो बकरी जर गइली स.
कुंवर सिंह महाविद्यालय छात्र संघ के चुनाव आठ दिसंबर के होखे वाला बा आ उम्मीदवार लोग रात दिन एक क दिहले बा. गावे गाँवे घूम घूम के वोट माँगत बा लोग.
रेवती का गुदरी बाजार के दतहां तिराहा प बुध के संझिया कुछ लोग सपा के नगर प्रभारी प्रमोद कुमार उपाध्याय के जम के पिटाई क दीहल. एह चलते बाजार में हड़कंप मच गइल. सपा नेता छह जने का खिलाफ तहरीर दिहले बाड़न. बतावल जात बा कि झगड़ा रुपिया के लेन देन ले के रहुवे.
बुध का दिने जिला अस्पताल के आधा से अधिका डाक्टर गोरखपुर एगो शादी में चल गइल रहले जवना से मरीजन के देखहू वाला केहू ना रहल ओपीडियन में. हालांकि अस्पताल अधीक्षक कहले कि डाक्टर लोग तीन बजे का बाद गइल.
दसमोत्तर छात्रवृत्ति खातिर भइल आनलाइन फर्जीवाड़ा के जाँच शुरू हो गइल बा. एह फर्जीवाड़ा से चौदह गो स्कूल में गलत तरीका से दाखिला दीहल गइल
पुलिस बहाली खातिर पन्दरह तारीख के लिखित परीक्षा होखे वाला बा. एह परीक्षा में नकल करत पकड़इला प मुकदमा दर्ज करावे के चेतवले जिलाधिकारी सुनील कुमार श्रीवास्तव. कहले बाड़न कि नकल करे वाला चयन प्रक्रिया से त बाहर होइए जाई, ओकरा पर केसो चलावल जाई. एह परीक्षा में छत्तीस हजार से अधिका परीक्षार्थी बाड़े आ पचपन जगहा इम्तिहान लीहल जाई.
रसड़ा-बलिया रोड प बुध के रात दू जगहा भइल सड़क हादसा का चलते एगो आर्केस्ट्रा पार्टी पांच लोग समेत सात जने घवाहिल हो गइले. एगो हादसा अमहर चट्टी का नियरा रात में सड़क किनारे खड़ा ट्रक से बोलेरो का टकरइला से भइल