भोजपुर के जिला परिषद भा नगर निकार के करीब आठ सौ शिक्षकन के पिछला चार महीना से तनखाह नइखे मिलल जवना से ओह लोग के परिवार के माली हालत गड़बड़ा गइल बा.
अगिला साल के पहिला दिने जिला भर से लोग पैदल चल के माँ काली बखोरापुर मंदिर चहुँपी आ ओहिजा से पटना राजभवन ला मार्च निकाली. एकर मकसद रही शराब बंदी करावे के.
पिछला चौबीस घंटा मे भइल कुछ सड़क हादसा से अनेके लोग घवाहिल हो गइल बा. एह में टाउन थाना इलाका में आरा-पटना मेनरोड प एगो ट्रैक्टर का चपेटा में पड़ के एगो स्कूल चलावे वाला सच्चिदानंद पांडेयो शामिल बाड़े. बाद में लोग ट्रैक्टर चालक के पकड़ के पुलिस के दे दीहल.
आरा टाउन थाना के चौधरियाना इलाका में बुध का देर रात कुछ बदमाश नवादा थाना इलाका के मौलाबाग के कामेश्वर प्रसाद के गोली मार के घवाहिल क दिहले.
आरा के देवनगर मझौंवा इलाका में बुध का रात विकास कुमार का घर से दू लाख के संपति चोरा ले गइले सँ.
251 total views, 5 views today