web analytics

मोतिहारी न्यूज ५ दिसंबर

केसरिया प्रखंड के बेनीपुर वगैरह कई जगहा किसान बीज खातिर बवाल मचवले. बाद में मौका प चहुँप के डीएओ अपना सोझा बीज बँटववले.

तुरकौलिया के शंकर सरैया कसबा टोला गांव से पिछला दिने एगो नाबालिग लड़िकी के भगा ले जाए का मामिला में पुलिस बियफे का दिने बेलवा तिवारी टोला के विजय साह के गिरफ्तार क लिहलसि जेकरा खिलाफ नामजद प्राथमिकी लिखावल रहे. लड़िकी के बाप अपना दामाद आ ओकरा दू गो भाईयन का खिलाफ मुकदमा कइले बाड़े.

लेनदेन का झगड़ा में चिरैया थाना के ओलासी गांव के लखीन्द्र यादव संगे मारपीट कइला का बाद गोली मार के घाहिल क दीहल गइल.

सुगौली के स्टेशन रोड में गणेश साह के बाइस बरीस के बेटा राकेश साह के संदिग्ध हालात में मौत हो गइल. बतावल जात बा कि बुध का रात खाना खा के आपन कोठरी बंद क के सूतल राकेश दरवाजा तूड़ला का बाद अगिला दिने मरल मिलल.

 194 total views,  5 views today

%d bloggers like this: