web analytics

सासाराम न्यूज ५ दिसंबर

दरिहट थाना के टँड़वा गाँव का नियरा डेहरी-नासरीगंज रोड प बुध का रात दू गो मोटरसाइकिल के भिड़न्त से एगो नवही के मौत ओहिजे हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइले.

नक्सल प्रभावित कैमूर पहाड़ी के जंगलन में नक्सलियन का खिलाफ बियफे के दुसरको दिने कांबिंग आपरेशन जारी रहल. अलग बात बा कि अबहीं ले पुलिस के हा्थे कुछ भेंताइल नइखे.

बिक्रमगंज के नटवार रोड में रजिस्ट्री आफिस का नियरा मोटरसाइकिल सवार लुटेरा बियफे का दिने दिन दहाड़े धनगाई गाँव के आ रिटायर्ड फौजी कन्हैया सिंह से डेढ़ लाख रुपिया लूट लिहले जवन उ सेंट्रल बैंक से निकाल के घरे जात रहले.

 177 total views,  5 views today

%d bloggers like this: