बड़हरिया थाना के निरखी छपरा गांव में बियफे का साँझ साइकिल से बड़हरिया जात माधोपुर गाँव के प्रभु साह के बेटा सोनू के मोटरसाइकिल से धक्का लाग गइल. गम्हीराह घवाहिल सोनी के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
पचरुखी के मखनुपुर पंचायत में महात्मा गांधी रोजगार गारंटी योजना का तहत मनरेगा भवन के आधारशिला प्रखंड प्रमुख महादेव पासवान बियफे का दिने रखलन. कहलन कि अब मजूर लोग के प्रखंड कार्यालय के फेरा लगावे के जरुरत ना पड़ी.
बिहार इंटरमीडिएट शिक्षक एंव शिक्षकेत्तर कर्मचारी महासंघ के गोहार प दस दिसंबर से इंटर कालेजन के कर्मचारी अपना मांगन ला तीन दिन के धरना प्रदर्शन करीहें.
भगवानपुर हाट के कस्तूरबा गांधी आवासीय बालिका विद्यालय के छात्रा सभ के शिकायत बा कि प्रधानाध्यापिका ढंग से बर पेट खानो ना देस. बिजली, कंबल, साबुन के त बाते छोड़ीं.