आग लगला से सात गो घर आ आठ लाख के संपत्ति राख
December 13, 2013
गोडा 13 दिसम्बर (वार्ता) गोडा जिला के परसपुर इलाका के मधईपुरवा गांव मे खाना बनावत घरी लागल आग पसर के सात गो घर के अपना लपेटा में ले लिहलसि आ आठ लाख के सम्पत्ति राख हो गइल.
बतावल जात बा कि मधईपुर गांव के मुख्तियार के घर मे लागल आग पसर के अगल बगल के घरो के लपेट लिहलसि.
एह आग मेस पाँच गो मवेशिओ जर के मर गइले. राजस्व विभाग नुकसान के आकलन करत बावे.