डेहरी ओन सोन 13 दिसंबर (वार्ता) गया मुगलसराय रूट प डेहरी आन सोन टीसन का नियरा पाली रेलवे फाटक पर एगो नवही ट्रेन से कटा के मर गइल
रेल पुलिस बतावत बिया कि उ नवही आपन मोटरसाइकिल लेके रेलवे गुमटी पार करत रहुवे जब ई हादसा भइल. खिसियाइल लोग ठेर देर से रेल यातायात ठप्प क दीहले बा. एह चलते अनेके गाड़ी जँहे तँहे खड़ा बाड़ी स.
लोग मरल नवही ला मुआविजा माँगत बा आ बंद ओवर ब्रिज के फेर से खोले के माँग करत बा. ओवर ब्रिज जर्जर होखला का चलते बंद क दीहल बा. अगर ओवरब्रिज खुलल रहीत त ई हादसा ना भइल रहीत.
रेलवे के बड़का अधिकारी मौका प पहुंच के लोग के समुझावे में लागल बाड़े.
353 total views, 2 views today