web analytics

दीवार गिरला से एगो लड़िका दबाइल

गोरखपुर 13 दिसम्बर (वार्ता) गोरखपुर कैन्ट इलाका में आजु एगो मकान के दीवार गिरला से एगो लड़िका दबा के मर गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन.

पुलिस बतावत बिया कि कैन्ट इलाका के मोहद्दीपुर में एगो पुरान घर तूड़ के बनवावे के काम चलत रहुवे जवना में एगो दीवार अचके में गिर पड़ल आ पन्द्रह साल के सूरज के दबा के मौत हो गइल.

दू जने घवाहिल बाड़े जिनकर इलाज जिला चिकित्सालय में होखत बा.

 185 total views,  5 views today

%d bloggers like this: