जयपुर 13 दिसम्बर (वार्ता) प्रचंड बहुमत से सत्ता मे आइल वसुंधरा राजे के आजु एहिजा विधानसभा परिसर मे भइल एगो शाही समारोह में राजस्थान के राज्यपाल मार्ग्रेट अल्वा पद आ गोपनीयता के किरिया धरवली.
प्रदेश के संसदीय इतिहास मे इहो एगो एतिहासिक मौका रहल जब कवनो महिला मुख्य मंत्री के महिला राज्यपाल किरिया धरवली.
विधानसभा परिसर मे जनपथ का सोझा बनल विशाल मंच प वसुन्धरा राजे हिन्दी में किरिया लिहली. एह मौका प भाजपा के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी, प्रधानमंत्री पद के प्रत्याशी आ तीन गो राज्य मे भाजपा के जीत के नायक नरेन्द्र मोदी, छत्तीसगढ के मुख्यमंत्री रमन सिंह, मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान, पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल, गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पार्रीकर, शिव सेना नेता उद्धव ठाकरे, भाजपा नेता रविशंकर प्रसाद समेते अनेके खासमखास लोग आ राजस्थान के हाल ले मुख्यमंत्री रहल अशोक गहलोत मौजूद रहले.
किरिया धरावे वाला एह समारोह में भाजपा के हजारो कार्यकर्ता मोदी मोदी मोदी के नारा लगावत रहले जवना के सुन के नरेन्द्र मोदी मने मन मुसकात रहले,
आजु वसुन्धरा राजे अकेलही किरिया लिहली. बाकि मंत्रियन के बाद में किरिया धरावल जाई.
159 total views, 1 views today