भोपाल 13 दिसंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव मे ऐतिहासिक विजय हासिल कइला का बाद भाजपा विधायक दल के पहिलका बइठक में मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के एकराय से विधायक दल के नेता चुन लिहल गइल.
एह बइठक में भाजपा के बड़ नेता सुषमा स्वराज, राजीव प्रताप रूडी आ अउरीओ नेता लोग मौजूद रहल. एह औपचारिकता में कुछे मिनट लागल. अब शिवराज सिंह चौहान लगातार तिसरका बेर एह राज्य के मुख्यमंत्री के किरिया लीहें.
भाजपा विधायक दल के बइठक में चौहान के नेता चुने वाला प्रस्ताव वरिष्ठ विधायक बाबूलाल गौर कइले आ नरोत्तम मिश्रा समेत चार गो विधायक एकर अनुमोदन कइले. एकरा बाद सगरी विधायक ताली बजा के आपन सहमति जतवले आ चौहान के नेता चुन लीहल गइल.