web analytics

सुनील शास्त्री आ आर के सिंह समेत चार गो हस्ती भाजपा मे शामिल भइले

नयी दिल्ली, 13 दिसम्बर (वार्ता) देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के बेटा आ कांग्रेसी नेता रहल सुनील शास्त्री अउर केन्द्रीय गृह सचिव रहल आर के सिंह आज भाजपा मे शामिल हो गइले.

पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंह सुनील शास्त्री, आर के सिंह, पेट्रोलियम सचिव रहल आर एस पांडे अउर भारतीय रेलवे सेवा के अधिकारी रहल धर्म सिंह के भाजपा के सदस्य बनवले. एह मौका प राजनाथ सिंह कहलन कि चार गो राज्य के हाल में भइल चुनाव से साफ हो गइल बा लोग कांग्रेस के कुशासन आ भ्रष्टाचार से नाराज बा आ बदलाव चाहत बा. कहलन कि नौकरशाह आ अउरिओ हस्ती देश के एह संकट से उबारे ला भाजपा के हाथ थामत बाड़े.

सुनील शास्त्री पहिले भाजपे में रहलन बाकिर बाद में कांग्रेस में चल गइल रहले. अब फेरू वापिस लवटल बाड़न, कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के बेटा आ सांसद रहल पंकजो सिंह भाजपा मे शामिल भइल रहले.

 57 total views,  5 views today

%d bloggers like this: