नयी दिल्ली।4 दिसम्बर (वार्ता) लौहपुरुष सरदार वल्लभ भाई पटेल के पुण्यतिथि प राजधानी दिल्ली समेत देश के 565 जगहन प अतवार का दिने होखे वाला .एकता दौड. के सफल आयोजन ला भाजपा पूरा तरह से तइयार बिया. एह दौड़ में प्रधानमंत्री पद के भाजपा से उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी समेत पार्टी के अनेके बड़का नेता शामिल होखीहें.
राजधानी दिल्ली मे नरेन्द्र मोदी, राजनाथ सिंह, अरुण जेटली, आ मुरली मनोहर जोशी एकता दौड के अगुआई करीहें. पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी अहमदाबाद मे, सुषमा स्वराज भोपाल मे, वेकैया नायडू आ गोपीनाथ मुंडे मुंबई मे, अउर नितिन गडकरी नागपुर मे दौड़ के अगुआई करीहें.
एह दौड का साथ ही देस के अढाई लाख गाँवन से लोहा आ माटी बिटोरे के अभियानो शुरू हो जाई जवना के इस्तेमाल मूर्ति बनावे में कइल जाई. नरेन्द्र मोदी के दावा बा कि 182 मीटर ऊंच ई प्रतिमा दुनिया के सबले ऊँच प्रतिमा होखी.
60 total views, 1 views today