web analytics

उ.प्र. मे ठंड बढल. कुहासा से ट्रेन पभावित होखे लगली सँ

fogलखनऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) उत्तराखंड में पड़ल बरफबारी का बाद ठंड बढ़े लागल बा आ उत्तर प्रदेश के अधिकतर हिस्सन मे तापमान सामान्य से नीचे चल गइल बा. कुहासा का चलते लमहर दुर जाए वाली गाड़ियन प असर पड़ल बा आ देर से चलत बाड़ी सँ.

राज्य में सबले ठंडा जगह रहल मुजफफंरनगर जहाँ तापमान 3.4 डिग्री सेल्सियस हो गइल. गोरखपुर मे न्यूनतम तापमान 8.7 डिग्री सेल्सियस, आ वाराणसी मे 8.4 दर्ज भइल.

मौसम विभाग के कहना बा कि अगिला चौबीस घंटा सूखल रही. सबेरे कुहासा घेरे के अनेसा बा.

 97 total views,  2 views today

%d bloggers like this: