Go to ...
RSS Feed

नौकरियन में आरक्षण सरकार खातिर मुसीबत बन गइल


AllahabadHighCourtइलाहाबाद 14 दिसम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश में सरकारी नौकरियन में ओबीसी आ एससी एसटी के आरक्षण देबे के मामिला अब तूल पकड़ले जात बा. एह बारे में अनेके निहोरा इलाहाबाद उच्च न्यायालय में दायर भइल बा जवना में एह आरक्षण के जारी राखे प सवाल उठावल गइल बा.

अइसने एगो निहोरा प इलाहाबाद उच्च न्यायालय प्रदेश सरकार से पूछले बिया कि उ बतावे कि आरक्षण ऐक्ट 1994 लागू करे से पहिले ई कइसे तय भइल कि आरक्षण के लाभ लेबे वाली जातियन के सरकारी नौकरियों में पूरा हिस्सेदारी नइखे मिलल. सरकार एह बारे में जवाब तइयार करे में परेशान बिया.

Tags:

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: