web analytics

बसपा विधायक के अब अपना जान के खतरा बुझात बा

BSPElephantमऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन विधान सभा से बसपा विधायक उमेश पांडेय प्रदेश सरकार, भारत सरकार आ मुख्य न्यायाधीश के चिट्ठी भेज के अपना जान माल के सुरक्षा ला गोहार लगवले बाड़न.

उनकर आरोप बा कि उनका बड भाई अखिलेश पांडेय के हत्यारन से अपनो जान के खतरा बा. उ हत्यारा अबहीं जेल में बाड़े स बाकिर पैरोल पर अइला का दौरान उनुका घरे ले चहुँपल रहले स.

उमेश पांडेय के सरकारी सुरक्षागार्ड पिछला पांच दिसम्बर से हटा लीहल गइल बा. कहलन कि सपा सरकार उनको के मरवावल चाहत बिया. उनका बड़ भाई अखिलेश पांडेय के हत्या में सपा विधायक सुधाकर सिंह के भतीजा भूषण आ भाष्कर सिंह के दोषी पावल गइल रहे आ ओकनी के आजीवन कारावास के सजा सुनावल गइल रहे.

 75 total views,  1 views today

%d bloggers like this: