Go to ...
RSS Feed

भीड़ देखत कईएक रेलगाड़ियन में अधिका डिब्बा लगावल जाई


rail-coachगोरखपुर 14 दिसम्बर (वार्ता) रेल प्रशासन अनेके मेल एक्सप्रेस गाड़ियन में अलग अलग तारीख प शयनयान आ वातानुकूलित श्रेणी के डिब्बा अधिका में जोड़े के फैसला कइले बावे.

गाडी संख्या 12541 गोरखपुर.लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस में आज से 16 दिसम्बर ले गोरखपुर से शयनयान श्रेणी के एगो डिब्बा, जबकि 12542 लोकमान्य तिलक टर्मिनस गोरखपुर एक्सप्रेस में 16 से 18 दिसम्बर ले लोकमान्य तिलक टर्मिनस से शयनयान श्रेणी के एगो डिब्बा जोड़ल जाई. 15014 काठगोदाम. भगत की कोठी एक्सप्रेस में आज से 17 दिसम्बर ले काठगोदाम से, आ 15013 भगत की कोठी काठगोदाम एक्सप्रेस में 16 से 19 दिसम्बर ले भगत की कोठी से शयनयान श्रेणी के एकहेक गो डिब्बा जोड़ल जाई.

15007 मण्डुआडीह. लखनऊ जंक्शन कृषक एक्सप्रेस में 15 आ 16 दिसम्बर के मण्डुआडीह से आ 15008 लखनऊ जं. मण्डुआडीह कृषक एक्सप्रेस में 14 आ 15 दिसम्बर के लखनऊ जं. से शयनयान श्रेणी के एगो डिब्बा अधिका जोड़ल जाई.

15009 लखनऊ जं. जबलपुर एक्सप्रेस में आज लखनऊ जं. से, 15010 जबलपुर. लखनऊ जं. एक्सप्रेस में काल्हु 15 दिसम्बर के जबलपुर से शयनयान श्रेणी के एगो डिब्बा, 15023 गोरखपुर. यशवन्तपुर एक्सप्रेस में 17 दिसम्बर के गोरखपुर से शयनयान श्रेणी के दू गो डिब्बा आ 15024 यशवन्तपुर. गोरखपुर एक्सप्रेस में 19 दिसम्बर के यशवन्तपुर से शयनयान श्रेणी के दू गो डिब्बा, 12104 लखनऊ जं. पुणे एक्सप्रेस में 15 दिसम्बर के लखनऊ से शयनयान आ एसीथ्री टियर श्रेणी के एकहेक गो डिब्बा आ 12103 पुणे लखनऊ एक्सप्रेस में 20 दिसम्बर के पुणे से शयनयान आ एसी थ्री टियर श्रेणी के एकहेक गो डिब्बा जोड़ल जाई.

Tags: , , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: