देवरिया 14 दिसम्बर (वार्ता) देवरिया जिला के पुलिस अधीक्षक रविशंकर छवि लापरवाही बरते का आरोप मे थाना प्रभारी खानपार के निलंबित क दिहलन.
जान जाईं जे बुध का दिने अम्बेडकरनगर से एगो बारात खानपार पिपराबघेल गांव मे आइल रहुवे. बारात मे भइल फायरिंग से सचिवालय कर्मी राजेन्द्र दुबे के मौत हो गइल रहे बाकिर थानाध्यक्ष मामिला दबवले रखलन.
पुलिस अधीक्षक एही चलते थाना प्रभारी खानपार के निलंबित क दिहलन.