web analytics

अगिला चुनाव में द्रमुक कांग्रेस से गठबन्हन ना करी

Karunanidhi
चेन्नई.15 दिसंबर (वार्ता) द्रमुक के बइठक में आम रुख रहल कि अगिला चुनाव में कांग्रेस से गठबन्हन ना होखी.

एह बईठक में हालांकि बाकायदा एह तरह के कवनो प्रस्ताव पास ना भइल बाकि सदस्यन के कहना रहल कि कांग्रेस से कवनो तरह के नाता राखल ठीक ना रही.

पिछला दू गो चुनाव से तमिलनाडु में द्रमुक आ कांग्रेस के गठबन्हन रहल बा जवन तमिल मुद्दा पर एही साल टूट गइल. आ द्रमुक केन्द्र सरकार से आपन समर्थन वापिस ले लिहलसि. अलग बात बा कि एकरा बावजूद दुनू दल समय समय प एक दोसरा के कामे आवत रहल बाड़े.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: