web analytics

कुशीनगर मैत्रेय परियोजना लेके लोग अबहियों निश्चिंत नइखे

Akhilesh-Cycleगोरखपुर 15 दिसम्बर (वार्ता) मुख्यमंत्री अखिलेश यादव गोरखपुर मंडल के कुशीनगर जिला में मैत्रेय परियोजना के शिलान्यास क के सेहरा त अपना लिलारे बान्ह लिहलन बाकिर लोग जे बा कि अबहियों निश्चिंत नइखे एकरा के ले के.

दू दिन पहिले 13 दिसम्बर के मैत्रेय परियोजना के शिलान्यास त अखिलेश कर दिहलन बाकिल लोग अनेसा मे बा कि कहीं एकरो हाल उहे जन होखे जवन कबो मुख्यमंत्री रहल स्व. वीर बहादुर सिंह के ड्रीम प्रोजेक्ट गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण, गीडा, के हो गइल.

परियोजना के शुरूआत के राजनीतिक शोशा बतावत गोरखपुर कांग्रेस जिलाध्यक्ष सैय्यद जमाल कहलन कि चुनाव देख के एकरा के हड़बड़ी में हरियर झंडी देखावल गइल बा. भाजपा नेता शिव प्रताप शुक्ल अनेसा जतवले कि कहीं एकरो हाल गीडा वाला जन हो जाए.

मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहले कि किसानन के रजामंदीए से एह परियोजना ला जमीन लीहल जाई. एकरा ला 750 एकड जमीन चाहत रहे बाकिर एकर आकार छोट क दीहल बा आ अबहीं ले सरकार के दू सौ बीसे एकड जमीन मिलल बा. बाकी जमीन कइसे मिली ई एगो बड़का सवाल बा. योजना के अनुसार एहिजा अन्तर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा, अन्तर्राष्ट्रीय स्तर के अस्पताल, स्कूल अउर होटल बनवावल जाई.

मैग्सेसे पुरस्कार विजेता संदीप पाण्डेय भूमि अधिग्रहण के विरोध करत बाड़े. उनकर कहना बा कि महात्मा गौतम बुद्ध दया आ करूणा के प्रतीक रहले बाकि उनुके नाम पर किसानन के जमीन जबरिया छीनल जात बा.

 97 total views,  1 views today

%d bloggers like this: