web analytics

गोलीबारी से नवही का मौत का बाद बवाल कटले गाँव वाले

Bhojpurआरा 15 दिसम्बर (वार्ता) भोजपुर के आरा नगर थाना के धरहरा मे गोलीबारी में एगो नवही के हत्या का खिलाफ लोग अतवार का सबेरही से नेशनल हाईवे तीस जाम क के राख दीहल.

पुलिस बतावत बिया कि पिछला महीना पन्द्रह नवंबर के धरहरा मोड़ का नियरा ठेकेदार विपिन चौधरी परमानंद यादव के गोली मार के हत्या क दिहले रहुवे आ उनुका बेटा तीस साल के रवि यादव के घवाहिल क दिहले रहुवे. गम्हीराह घवाहिल रवि यादव के इलाज पटना में होखत रहुवे जहाँ से उनुका के दिल्ली रेफर क दीहल रहे.

दिल्ली के इंदिरा गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान में चलत इलाज का बीच रवि के मौत हो गइल आ काल्हु रात ओकर लाश गांवे चँहुपल.

 27 total views,  1 views today

%d bloggers like this: