Go to ...
RSS Feed

पुलिस बहाली के परीक्षा देबे जात कनिया के मौत


Jaunpur
जौनपुर. 15 दिसम्बर (वार्ता) सिंगरामऊ इलाका में आजु पुलिस बहाली के इम्तिहान देबे जात एगो कनिया के मौत सड़क हादसा में हो गइल. आ ओकर पति घवाहिल हो गइल.

पुलिस के कहना बा कि सुलतानपुर के चांदा इलाका के अरजी गांव के लक्ष्मी शंकर मौर्य अपना मेहरारू एकइस बरीस के शालिनी मौर्य के इम्तिहान दिआवे जात रहलन जब घन कुहासा का चलते उनकर मोटरसाइकिल सड़क पर खाड़ रोडवेज बस से जा भीड़ल. एह हादसा में शालिनी के मौत हो गइल आ लक्ष्मीशंकर घवाहिल हो गइले.

लक्ष्मी शंकर के अस्पताल मे भरती करा दीहल बा.

Tags:

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: