Go to ...
RSS Feed

प्रो.पीयूष रंजन के बीर बहादुर सिंह पूर्वान्चल वि वि के कुलपति बनावल गइल


PurvanchalUniversity
जौनपुर 15 दिसम्बर (वार्ता) उत्तरप्रदेश के राज्यपाल आ विश्वविद्यालयन के कुलाधिपति बी.एल.जोशी मोती लाल नेहरु राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थान के स्कूल आफ स्टडीज विभाग के प्रोफेसर डा.पीयूष रंजन अग्रवाल के बीर बहादुर सिंह पूर्वान्चल विश्व विद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइले बाड़न.

विश्वविद्यालय के मौजूदा कुलपति प्रो.सुन्दरलाल के कार्यकाल बीस दिसम्बर के पूरा होखत बा.

डा.पीयूष रंजन अग्रवाल एहिजा के सोरहवाँ कुलपति हउवें आ इनकर कार्यकाल तीन साल के होखी. इलाहाबाद के मूल निवासी डा. अग्रवाल इलाहाबाद विश्वविद्यालय से एम काम, एल एल बी, आ पी एच डी के उपाधि हासिल कइले बाड़न.

नया बहाल कुलपति प्रो. पीयूष रंजन अग्रवाल कहलन कि विश्वविद्यालय के समहर बढ़न्ती ला उ कर कुछ करीहें आ एहिजा पढ़ाई के माहौल बनावे प धेयान दीहें. सत्र के नियमित कइल जाई.

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: