छपरा 15 दिसम्बर (वार्ता) सारण जिला के परसा थाना के पनौता गांव मे शनमिचर का देर रात एगो आदमी अपने सगा भाई के छूरा घोंप के मार दिहलसि.
पुलिस से मिलल जानकारी बा कि पनौता गांव के छठी लाल सिंह के बेटा दिलीप सिंह आ भूषण कुमार का बीत कवनो मामूली बात प झगड़ा हो गइल जवना का बाद दिलीप अपना सतरह साल के भाई भूषण के छूरा घोंप दिहलसि जवना से ठाँवे प ओकर मौत हो गइल.
जान लिहला का बाद दिलीप फरार हो गइल बा. छठी लाल सिंह का बयान प थाना में मुकदमा दर्ज भइल बा.
87 total views, 1 views today