web analytics

रेलकर्मी के चाकू मार के हत्या

WestChamparan
बेतिया 15 दिसम्बर (वार्ता) बिहार मे नेपाल का सीमा से लगल पश्चिम चंपारण जिला के कंगली इलाका के त्रिवेणी केनाल का नियरा शनिचर के देर रात बसंतपुर गाँव के राजवंशी राम के चाकू मार के हत्या क दीहल गइल.

पुलिस बतावत बिया कि पचास साल के राजबंशी राम रेलवे में काम करत रहे आ काल्हु रात अपना बेटा संगे मोटरसाइकिल से रक्सौल से लवटत रहे जब पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी ओह लोग के रोक लिहले. बेटा के ध के बाप के चाकू मार दिहले स.

 91 total views,  1 views today

%d bloggers like this: