web analytics

कारोबारी के हत्या क के दस लाख के लूट

Mirzapur
मीरजापुर 16 दिसम्बर (वार्ता). सोमार का सबेरे करीब एगारह बजे कुछ अपराधी एगो सराफा व्यापारी के गोली मार के हत्या क दिहले आ ओकरा दस लाख रुपिया के गहना लूट ले गइले.

पुलिस से पता चलल कि गणेशगंज बहेलिया गली का शायरमाता मंदिर के नियरे सराफा कारोबारी राजेन्द्र सोनी के घर बावे आ गणेशगंज डंग के गली में दुकान. रोज के तरह आजुओ राजेन्द्र सोनी अपना घर से निकलले आ चौराहा प शिवमंदिर में माथा टेकला का बाद जसहीं अपना स्कूटी से आगा बढ़ले कुछ अपराधी उनुका के गोली मार दिहले आ उनकर झोरा ले के भाग निकलले. बतावल जात बा कि झोरा में करीब दस लाख के गहना आ नगदी रहुवे.

पुलिस एह मामिला में चार जने के हिरासत में ले के पूछताछ करत बिया. घटना के विरोध में गणेशगंज के सराफा दुकान बंद हो गइली सँ.

 39 total views,  1 views today

%d bloggers like this: