Go to ...
RSS Feed

गुठनी मे बैक शाखा से 55 लाख के चोरी


Siwan
सिवान 16 दिसम्बर (वार्ता) गुठनी बाजार इलाका में केनरा बैक के शाखा से करीब पचपन लाख रुपिया चोरा लीहल गइल बा.

सोमार का दिने जब बैंक खुलल त देखल गइल कि मुख्य तिजोरी के ताला टूटल बा आ ओहमे राखल 55 लाख 35 हजार 857 रूपिया गायब बा. तुरते एकर सूचना थाना के दे दीहल गइल.

अतवार का दिने बैंक बंद रहेला से चोरी कब भइल से पता नइखे. पुलिस कर्मचारियन से पूछताछ में लागल बिया.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: