रांची 16 दिसम्बर (वार्ता) अरबों रूपिया के चारा घोटाला का एगो मामिला में पाँच साल जेल के सजा भोगत लालू प्रसाद के सुप्रीम कोर्ट जमानत दे दिहलसि. जवना का बाद सोमार का दिने उनका के बिरसा मुंडा केन्द्रीय कारागार से रिहा क दीहल गइल.
सजा मिलला का बाद लालू प्रसाद के सांसदी चल गइल बा आ अब उ अगिला चुनाव अपने ना लड़ सकस बाकिर जेल से निकलते राजनीति में सक्रियता देखावे लगलन. कहलन कि जो जेल से डर गया वो कुछ नहीं कर पाएगा. आ अब हम फिरकावाराना ताकतन के अलगा थलगा क देब, वगैरह वगैरह.
जेल से निकलला का बाद लालू प्रसाद मशहूर देवड़ी मंदिर जा के धोनी के इष्टदेवी सोलहभुजी दुर्गा जि के पूजा अर्चना कइलन.