Go to ...
RSS Feed

असलहा संगे बदमाश गिरफ्तार


Gopalgunj-Thaveगोपालगंज 17 दिसम्बर (वार्ता) उचका गांव थाना के हरपुर गांव के नियरा से काल्हुकि देर रात पुलिस एगो बदनाम अपराधी राज कुमार पटेल के असलहा समेत गिरफतार क लिहलसि.

हथुआ के अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी कमला कांत प्रसाद बतवलन कि खबर मिलल रहे कि मुजफफरपुर जिला के वरुराज थाना के छपिया गांव के राज कुमार पटेल हरपुर गांव के नियरा नयका पुल का लगे कवनो घटना करे वाला बा. एही जानकारी प पुलिस छापा मार के ओकरा के गिरफ्तार क लिहलसि.

एह बीच ओकर एगो साथी मौका से भाग निकलल.

राज कुमार पटेल का लगे से दू गो पिस्तौल आ कारतूस का अलावे चोरी के मोटरसाइकिल बरामद भइल.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: